Delhi : पूर्व सेना प्रमुख नरवणे के अप्रकाशित पुस्तक लीक, दिल्ली पुलिस प्रकाशक पेंगुइन के भेजलस नोटिस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2026

दिल्ली : पूर्व सेना प्रमुख जनरल एमएम नरवणे के अभी तक प्रकाशित ना भइल किताब ‘फोर स्टार्स ऑफ डेस्टिनी’ के कथित तौर पs सोशल मीडिया पs लीक हो गइला के ममिला सामने आइल बा। एह

Share

दिल्ली : पूर्व सेना प्रमुख जनरल एमएम नरवणे के अभी तक प्रकाशित ना भइल किताब ‘फोर स्टार्स ऑफ डेस्टिनी’ के कथित तौर पs सोशल मीडिया पs लीक हो गइला के ममिला सामने आइल बा। एह केस में दिल्ली पुलिस एफआईआर दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया। दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल प्रकाशक पेंगुइन रैंडम हाउस इंडिया के नोटिस भेज के कइयन गो सवाल पूछले बा आ जवाब मंगले बा।

दिल्ली पुलिस बतवले बिया कि अलग-अलग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म आ ऑनलाइन न्यूज फोरम पs ई जानकारी सामने आइल कि किताब के प्री-प्रिंट कॉपी इंटरनेट पs शेयर हो रहल बा। एह दावा के संज्ञान में अइला के बाद पुलिस ममिला के जांच सुरू कइले बिया।

सुरुआती जांच में ई बात सामने आइल बा कि ‘फोर स्टार्स ऑफ डेस्टिनी’ नाम से टाइपसेट कइल एगो पीडीएफ कॉपी कुछ वेबसाइट पs उपलब्ध बा। ई कॉपी कथित तौर पs पेंगुइन रैंडम हाउस इंडिया प्राइवेट लिमिटेड के ओर से तइयार कइल लागता। एकरा अलावे कुछ ऑनलाइन मार्केटिंग प्लेटफॉर्म पs किताब के फाइनल कवर अइसन ढंग से देखावल जा रहल बा, जइसे ई किताब बिक्री खातिर उपलब्ध होखे।

दिल्ली पुलिस के मोताबिक, ई ममिला अइसन किताब से जुड़ल बा, जवन अभी आधिकारिक मंजूरी नइखे पवले बा आ ओकर गोपनीय जानकारी लीक होखला के आशंका बा। ममिला के गंभीरता देखत स्पेशल सेल में केस दर्ज कइल गइल बा आ विस्तृत जांच सुरू हो चुकल बा।

अब पुलिस ई पता लगावे में जुटल बिया कि किताब के प्री-प्रिंट कॉपी ऑनलाइन कइसे पहुंचल, एमे कवना-कवना लोग भा संस्थान के भूमिका रहल बा आ का एह ममिला में कॉपीराइट भा आउर कानूनी नियमन के उल्लंघन भइल बा। जांच पूरा होखला के बाद आगे के कानूनी कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: Vande Mataram : सरकारी कार्यक्रमन में राष्ट्रगान के पहिले 6 छंद वाला ‘वंदे मातरम्’ जरूरी, गाइडलाइन जारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.