Puravaee Lokotsav : 29 आ 30 मार्च पुरवाई लोकोत्सव में दिखी लोक के अनूठा संगम

Anurag Ranjan

गोरखपुर : लोक संस्कृति, लोक कला आ लोक परंपरन के संवर्धन आ संरक्षण करे वाली संस्था पुरवाई कला के ओर से 29 आ 30 मार्च के पुरवाई लोकोत्सव के आयोजन होई। ई दु दिवसीय आयोजन पुरवाई कला गोरखपुर, राजकीय बौद्ध संग्रहालय, गोरखपुर आ लोक कला आउर जनजातीय संस्कृति संस्थान, उत्तर प्रदेश के संयुक्त तत्वावधान में योगिराज बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह, तारामंडल, गोरखपुर में होई। एह दौरान लोक कला, लोक शिल्प, लोक व्यंजन, लोक संगीत, लोक नृत्य आ लोक वाद्य के अनूठा संगम देखे के मिली। एह दौरान पद्मश्री दुर्गाबाई व्याम के डॉ. राजीव केतन स्मृति लोक कला सम्मान से अलंकरण होई।

29 मार्च के उद्घाटन सत्र अपराह्न 2:00 बजे से सुरू होई। एह सत्र के मुख्य अतिथि पद्मश्री दुर्गा बाई व्याम (लोक चित्रकार, भोपाल), कार्यक्रम अध्यक्ष पद्मश्री विश्वनाथ प्रसाद तिवारी (पूर्व अध्यक्ष, साहित्य अकादमी नई दिल्ली), डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव (महापौर, नगर निगम गोरखपुर) आ अतुल द्विवेदी (निदेशक, उत्तर प्रदेश लोक जनजातीय संस्कृति संस्थान लखनऊ) रहिहें। एही सत्र में चित्रकला कैटलॉग के विमोचनो होई।

संस्कृति के लोकप्रवाह नाम के सत्र में दुपहरिया 3:30 बजे लोक नृत्य, 4:00 बजे पूर्वांचल के संस्कार गीत के प्रस्तुति आ 4:30 बजे लोक विमर्श: ‘संघर्ष व उपलब्धियां और धैर्य की बानगी’ में पद्मश्री दुर्गा बाई व्याम से वरिष्ठ पत्रकार आलोक पराड़कर, वार्तालाप करिहें। सांझ 5:30 बजे से पवन पंछी आ समूह आउर वीर सेन सूफी आ समूह के ओर से लोकगीत आउर भाव नृत्य के प्रस्तुति होई। सांझ 6:30 बजे से लोक संगीत संघ्या में सुप्रसिद्ध लोक गायिका चंदन तिवारी के प्रस्तुति होई।

30 मार्च के 11:00 बजे से संस्कृति के लोकलहर लोकगीत आ नृत्य के संगम होई। 1:00 बजे से परिधानोत्सव, 1:30 बजे से लोक वाद्य-वृन्द : विलुप्त हो रहल लोक वाद्यन के प्रस्तुति, 2:30 बजे से लोक नृत्य, 3:00 बजे से लोक विमर्श : लोक कलाओं में जीवंत होती आस्था पs वार्ता होई। सांझ 4:15 बजे से सम्मान समारोह में मुख्य अतिथि डॉ. राधा मोहनदास अग्रवाल (राज्यसभा सांसद), कार्यक्रम अध्यक्ष प्रो. पूनम टंडन (कुलपति, डीडीयू, गोरखपुर) आ विशिष्ट अतिथि के रूप में संजय उपाध्याय (संस्थापक निदेशक, मध्य प्रदेश नाट्य विद्यालय) आउर बी. आनंद (उप महाप्रबंधक, भारतीय स्टेट बैंक) सामिल होई लो। सांझ 6:30 बजे लोक संगीत संध्या में सुप्रसिद्ध संगीत रंग निर्देशक संजय उपाघ्याय के ओर से भिखारी ठाकुर आ महेन्दर मिसिर के गीतन के प्रस्तुति होई।्र

Read Also: 28 मार्च 2025 के राशिफल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment