गोरखपुर: नेपाल क्लब में आयोजित भइल हृदय रोग जांच शिविर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2025

आजु गोरखपुर के नेपाल क्लब में हृदय रोग जांच शिविर लगावल गइल. जवन सब लोगन खातीर निःशुल्क रहे. एह शिविर में देश के प्रख्यात हृदय रोग सर्जन/विशेषज्ञ “डॉ पंकज कुमार श्रीवास्तव (एमबीबीएस एमएस एमसीएच कार्डियो

Share

हृदय रोग जांच शिविर

आजु गोरखपुर के नेपाल क्लब में हृदय रोग जांच शिविर लगावल गइल. जवन सब लोगन खातीर निःशुल्क रहे. एह शिविर में देश के प्रख्यात हृदय रोग सर्जन/विशेषज्ञ “डॉ पंकज कुमार श्रीवास्तव (एमबीबीएस एमएस एमसीएच कार्डियो थोरेसिस एंड वैस्क्युलर सर्जरी)”  मौजूद रह के सभ के खुदे जांच कइले.

चरक हॉस्पिटल लखनऊ, श्री बालाजी सेवा संस्थान राष्ट्र गौरव के तत्वाधान में इs कार्यक्रम का ऑर्गेनाइज कइल गइल रहे. एह कार्यक्रम में दिल के मरीज के फ्री में चेकअप कइल गइल.

एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि मंगलेश श्रीवास्तव रहले. साथे राष्ट्र गौरव फाउंडेशन के संस्थापक विजय कुमार श्रीवास्तव,  पंकज कुमार श्रीवास्तव (चरक हॉस्पिटल में हृदय रोग विशेषज्ञ ) आलोक कुमार श्रीवास्तव, डॉक्टर हिमांशु दीक्षित डॉक्टर अशोक प्रसाद जी, नवीन श्रीवास्तव आ डॉक्टर प्रियंका नितिन वर्मा मौजूद रहली. आ निशुल्क सेवा खातीर भारी संख्या में लोग मौजूद रहे.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.