अनियंत्रित ट्रक पैदल जा रहल शख्स के मरलस टक्कर, घायल सदर अस्पताल छपरा रेफर

Share

मशरक (सारण)/प्रितम सिंह: मशरक थाना क्षेत्र के डुमरसन में मंगर के अनियंत्रित ट्रक पैदल जा रहल शख्स के टक्कर मार देलस। जेमे पैदल जा रहल शख्स गंभीर रूप से घायल हालत में इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भर्ती करावल गइल। जहां ओकर गंभीर हालत देखके बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल गइल।

घायल के पहचान डुमरसन गांव निवासी उमेश साह के 20 बरिस लईका आकाश कुमार के रूप में भइल। घटना के बारे में परिजन लोग बतावल कि डुमरसन गांव में अनियंत्रित ट्रक टक्कर मार देलस। जेमे ऊ घायल हो गया। मवका पs पहुंचल थाना पुलिस ट्रक के अपना कब्जा में लेके ममिला के जांच पड़ताल कर रहल बिया। ओहिजा घायल शख्स के परिजन आ ग्रामीणन द्वारा मुख्य पथ पs घंटन आवागमन बाधित कs के उच्च अधिकारियन के घटनास्थल पs बोलावे के मांग करत रहे लोग।

मवका पs मसरख थाना के जमादा प्रमोद कुमार दल बल के संगे पहुंच, स्थानीय प्रबुद्ध लोगन से बातचीत कs के आवागमन सुचारू रूप से चालू करवलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-