[the_ad_group id="30365"]

अनियंत्रित ट्रक के ठोकर से जुवक के मौत, सड़क जाम, आवागमन बाधित, परिजनन में मचल कोहराम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक(सारण)/ प्रितम सिंह: मशरक-राजापट्टी गोलम्बर मुख्य पथ एनएच- 227ए रामजानकी पथ पs डुमरसन में मंगर के अनियंत्रित ट्रक पैदल जा रहल जुवक के टक्कर मार देलस। जेमे गंभीर रूप से घायल जुवक के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भर्ती करावल गइल। जहां से ओकरा के बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल गइल। जहां छपरा में इलाज के दौरान घायल जुवक के मौत हो गइल।

मृतक मशरक थाना क्षेत्र के डुमरसन गांव निवासी उमेश साह के 20 साल के लईका आकास कुमार बतावल जात बा। मुखिया बच्चालाल साह बतवलें कि घटना के बाद घर पs परिजनन में कोहराम मच गइल बा। घटना के बारे में परिजन लोग बतावल कि डुमरसन गांव में अनियंत्रित ट्रक टक्कर मार देलस। जवना में ऊ घायल हो गइल। मवका पs पहुंचल थाना पुलिस ट्रक के अपना कब्जा में लेके ममिला के जांच पड़ताल कs रहल बिया। ओहिजा, घायल शख्स के परिजनन आ ग्रामीणन द्वारा मुख्य पथ के घंटन आवागमन बाधित कs के उच्च अधिकारियन के घटनास्थल पs बुलावे के मांग कs रहल बा लो।

मवका पs मशरक थानाध्यक्ष राजेश कुमार चौधरी बतवलें कि सड़क जाम कs रहल ग्रामीणन के समझा-बुझाके जाम हटावल गइल बा आ आवागमन बहाल करावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]