गौरीशंकर तिवारी जी के निधन, खबर भोजपुरी परिवार खातिर अपूरणीय क्षति

Share

कुशीनगर जिला के खड्डा के करदह तिवारी टोला गांव के रहनिहार आ अपना समे के नामी पहलवान आ इलाका के प्रतिष्ठित किसान गौरीशंकर तिवारी जी के आज दुपहरिया में 82 साल के उमिर में  निधन हो गइल। उहाँ के निधन से परिवार आ अगरी-कगरी के लोगन में शोक के लहर दउर गइल।

रउआ सभे के बता दी कि गौरीशंकर तिवारी जी, भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था खबर भोजपुरी के रिपोर्टर  आ यायावरी वाया भोजपुरी के अनुवादक आशुतोष तिवारी के बाबाजी रहनी हs। उहाँ के निधन से दुनों परिवार के अपूरणीय क्षति भइल बा आ परिवार के सब सदस्य मर्माहत बा।

अइसन मुस्किल समे में समूचा खबर भोजपुरी आ यायावरी वाया भोजपुरी परिवार उहाँ के सरधा के फूल अर्पित करत अपना साथी आ उनका परिवार संगे मजबूती से ठाड़ बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-