Aadhaar के नया नियम, बिना एड्रेस प्रूफ बदलीं Aadhaar के पता, जानीं कइसे?

Anurag Ranjan

 

यूनिक आइडेंटिफिकेशन अथॉरिटी ऑफ इंडिया (UIDAI) के तरफ से नया नियम लागू कइल गइल बा। जवना से बिना एड्रेस प्रूफ देले आधार कार्ड के पता के बदल सकल जाई। नया नियम के तहत यूजर्स बिना कवनो प्रकार के दस्तावेज देखवले आसानी से आधार कार्ड में पता अपडेट कs पाई लोग। बता दीं कि अभी तक Aadhaar कार्ड के पता के बदले खातिर नया एड्रेस प्रूफ देवे के होई।

आसान बा आधार अपडेट के प्रक्रिया

UIDAI परिवार के मुखिया (HoF) के इजाजत से आधार में ऑनलाइन पता अपडेट करे के सुविधा सुरू कइले बा।। HoF बेस्ड ऑनलाइन आधार एड्रेस अपडेट खातिर निवासी के अपना लईका, पति भा पत्नी, माता-पिता के एड्रेस के अप्रूव करे के होई। सरकार के माने के बा कि देश के अंदर आवे जाये वाला लोगन खातिर ई सुविधा बहुते फायदेमंद हो सकत बा। UIDAI कंफर्म कइले बा कि 18 साल से जादे उमिर के कवनो आदमी HOF हो सकत बा। एमें अपना रिश्तेदारन के संगे आपन पता साझा कइल जा सकत बा।

कइसे आधार कार्ड एड्रेस करी अपडेट

Step 1: सबसे पहिले रउaa https://myaadhaar.uidai.gov.in वेबसाइट पs विजिट करे के होई।

Step 2: एकरा बाद आधार एड्रेस अपडेट के एगो नया ऑप्शन लउकी।
Step 3: एकरा बाद रउआ HOF के आधार नंबर दर्ज करे के होई। एकरा खातिर रउआ कवनो तरे के जानकारी ना देवे के होई।

Step 4: फेर HOF आधार नंबर वैलिडेशन होई। एकरा बाद प्रूफ ऑफ रिलेशनशिप के जरूरत होई।

Step 5: एकरा बाद रउआ 50 रुपिया सर्विस चार्ज देवे के होई।

Step 6: पेमेंट होखला के बाद सर्विस रिक्वेस्ट नंबर मैसेज से साझा करे के होई। एकरा बाद HOF के एड्रेस रिक्वेस्ट भेजे के होई।

Step 7: एकरा बाद HOF के आपन इजाजत देवे के होई। एकरा खातिर My Aadhaar पोर्टल से 30 दिनन के अंदर अपडेट देवे के होई।

नोट – जदि HOF एड्रेस शेयर करे के रिक्वेस्ट रिजेक्ट कs देत बा, तs राउर आधार एड्रेस अपडेट ना होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।