USB Type-C Charger: एके चार्जर से चार्ज होंगे मोबाईल फोन आ टैबलेट, भारत में नया नियम होई लागू

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2022

USB Type-C Charger: यूएसबी टाइप-सी भारत में यूनिवर्सल चार्जिंग पोर्ट होई। एकर मतलब बा कि हरेक मोबाइल फोन, लैपटॉप, टैबलेट आ आउर डिवाइस के चार्ज करे खातिर USB Type-C पोर्ट दिहल जाई। एह सब गैजेट्स

Share

USB Type-C Charger: यूएसबी टाइप-सी भारत में यूनिवर्सल चार्जिंग पोर्ट होई। एकर मतलब बा कि हरेक मोबाइल फोन, लैपटॉप, टैबलेट आ आउर डिवाइस के चार्ज करे खातिर USB Type-C पोर्ट दिहल जाई।

एह सब गैजेट्स में एके चार्जर होई। ओहि चार्जर से दोसरो डिवाइस के चार्ज कइल जा सकत बा। कंज्यूमर अफेयर मंत्रालय के सेक्रेटी रोहित कुमार सिंह बड़ घोषणा कइलें। ऊ बतवलें कि मार्च 2025 तक इलेक्ट्रॉनिक प्रोडक्ट्स खातिर स्टैंडर्ड चार्जिंग पोर्ट के रूप में यूएसबी टाइप-सी अपनावे खातिर कंपनी तइयार बाड़ी सs।

आईआईटी कानपुर कर रहल बा अध्ययन

रोहित कुमार सिंह कहलें, ‘भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान कानपुर वियरबेल डिवाइसों में एके तरह के चार्जिंग पोर्ट देवे से जुड़ल अध्ययन कर रहल बा। एह बारे में रिपोर्ट अइला पs इलेक्ट्रॉनिक्स उद्योग के संगे चर्चा होई।’ कंपनियन के कहनाम बा कि सप्लाई चेन के ग्लोबल टाइमलाइन के संगे जोड़े के होई।

लैपटॉप निर्माता लोगन के संगे 2026 तक समय

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, भारत में यूरोपीय यूनियन में लागू होखे के 3 महीना बाद सुरू होई। यूरोपीय यूनियन के निरदेस के मोताबिक स्मार्टफोन खातिर 28 दिसंबर 2024 आ लैपटॉप खातिर 2026 तक कॉमन यूएसबी टाइप-सी चार्जर अनिवार्य करे के होई।

ई-वेस्ट होई कम

एके चार्जर पॉलिसी से लोगन के फायदा बार। ग्राहकन के हर डिवाइस खातिर चार्जर ना किने के होई। संगही ई-वेस्ट के कम करे में मदद मिली। बता दीं 16 नवंबर के बैठक भइल रहे। एह मीटिंग में सहमति बनल रहे कि कॉमन चार्जिंग पोर्ट के फेज में लागू कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.