UGC 20 फर्जी विश्वविद्यालयन के सूची कइलस जारी, छात्रन के कइलस सतर्क; कहलस- जांच परख के लीं दाखिला

Share

देसभर में उच्च शिक्षण संस्थानन में प्रवेश के चल रहल प्रक्रिया के बीच विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (UGC) छात्रन आ अभिभावकन के सतर्क कइलस।

UGC का कुछ कहलस?

यूजीसी छात्रन आ अभिभावकन से कहलस कि ऊ जांच परख के बादे कवनो संस्थान में दाखिला लेवे, काहेकि बड़ संख्या में अइसन फर्जी संस्थान सक्रिय बा, जवन छात्रन के फर्जी डिग्री आ सर्टिफिकेट प्रदान करत बा। जवना के चलते छात्रन के पूरा करियर खराब हो जाला।

यूजीसी छात्रन आ अभिभावकन के सतर्क करत जारी एगो सूचना में कहले बा कि ऊ कवनो संस्थान में दाखिला तबे लेवे जब ऊ यूजीसी से संबद्ध होखे भा ओकरा नियमन के तहत कोर्स संचालित करत होखे। एह दौरान देस के सब निजी आ सरकारी विश्वविद्यालयन के सूची यूजीसी के वेबसाइट पs उपलब्ध करावल गइल बा।

‘…छात्र खुद होई लो जिम्मेदार’
यूजीसी कहलस,

आइल दिन उनका लगे फर्जी संस्थानन आ उनकर द्वारा प्रदान कइल जाये वाली फर्जी डिग्री के लेके खबर आवत रहेला। एसे जदि केहू बिना जंचले परखले अइसन संस्थानन में दाखिला लेत बा, तs ऊ एकरा खातिर खुदे जिम्मेदार होई। ओह डिग्रियन के आधार पs ओकरा कहीं नौकरी ना मिली

गौर करे आला बात बा कि यूजीसी के ओर से पहिलहू देस में सक्रिय 20 फर्जी संस्थानन के पहिलहू सूची जारी कइल गइल रहे।

दिल्ली के फर्जी विश्वविद्यालय

  • आल इंडिया इंस्टीट्यूट ऑफ पब्लिक एंड फिजिकल हेल्थ साइंसेज
  • कमर्शियल यूनिवर्सिटी लिमिटेड, दरियागंज
  • यूनाइटेड नेशंस यूनिवर्सिटी
  • वोकेशनल यूनिवर्सिटी
  • एडीआर-सेंट्रिक ज्यूरिडिकल यूनिवर्सिटी
  • भारतीय विज्ञान एवं इंजीनियरिंग संस्थान
  • विश्वकर्मा ओपन यूनिवर्सिटी फार सेल्फ-इम्प्लायमेंट
  • आध्यात्मिक विश्वविद्यालय

 उत्तर प्रदेश के फर्जी विश्वविद्यालय

  • गांधी हिन्दी विद्यापीठ
  • नेशनल यूनिवर्सिटी ऑफ इलेक्ट्रो कॉम्प्लेक्स होम्योपैथी
  • नेताजी सुभाषचंद्र बोस विश्वविद्यालय
  • भारतीय शिक्षा परिषद

आंध्र प्रदेश आ पश्चिम बंगाल के फर्जी विश्वविद्यालय

  • क्राइस्ट न्यू टेस्टामेंट डीम्ड यूनिवर्सिटी
  • बाइबल ओपन यूनिवर्सिटी ऑफ इंडिया
  • भारतीय वैकल्पिक चिकित्सा संस्थान
  • वैकल्पिक चिकित्सा एवं अनुसंधान संस्थान

आउर राज्यन के फर्जी विश्वविद्यालय

  • बदगानवी सरकार वर्ल्ड ओपन यूनिवर्सिटी एजुकेशन सोसाइटी (कर्नाटक)
  • सेंट जॉन्स यूनिवर्सिटी (केरल)
  • राजा अरबी विश्वविद्यालय (महाराष्ट्र)
  • श्री बोधि उच्च शिक्षा अकादमी (पुडुचेरी)

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-