महाराष्ट्र से बड़ खबर, उद्धव ठाकरे के काफिला पs हमला, मनसे कार्यकर्ता सभ गोबर, टमाटर आ चूड़ी फेंकले

Share

 

महाराष्ट्र से बड़ खबर सामने आईल बा। ठाणे में सीएम रहल उद्धव ठाकरे के काफिला पs हमला हो गइल बा. महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना के कार्यकर्ता उनुका काफिला पs गाय के गोबर, टमाटर, चूड़ी अवुरी नारियल फेंकले। एs मामिला में 20 से जादे लोग के हिरासत में लेके पूछताछ कईल जाता।

मिलल जानकारी के मुताबिक शिवसेना के उद्धव गुट के लोग पs शुक के महाराष्ट्र के बीड जिला में राज ठाकरे के रैली में सुपारी फेंके के आरोप लागल। जवना के बाद आज उद्धव ठाकरे के काफिला पs गाय के गोबर अवुरी टमाटर फेंकल गईल। अयीसना में राज ठाकरे के पार्टी कार्यकर्ता पs उद्धव के काफिला पs हमला करे के आरोप लगावल जाता।

का हs पुरा मामिला?

उद्धव ठाकरे गुट के ओर से शनिचर के मुंबई से सटल ठाणे जिला में एगो सम्मेलन के आयोजन कईल गईल, जवना में उद्धव ठाकरे भी भाग लेले रहले। एs दौरान सभा स्थल अवुरी रास्ता में कुछ मनसे कार्यकर्ता उनुका काफिला पs गाय के गोबर, टमाटर, चूड़ी अवुरी नारियल फेंक देले।

पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक फिलहाल पुलिस 20 से जादे लोग के हिरासत में लेले बिया अवुरी मामिला के जांच शुरू कs देले बिया। बता दीं कि शनिचर के दिने शिवसेना के उद्धव ठाकरे समूह के लोग महाराष्ट्र के बीड जिला में राज ठाकरे के काफिला पs सुपारी फेंकले रहुवे.

अइसना में अब राजनीतिक गलियारन में चर्चा तेज हो गइल बा कि का उद्धव ठाकरे बनाम राज ठाकरे महाराष्ट्र में शुरू होखे वाला बा? काहे कि अगर अइसन भइल तs राजनीति में एगो नया विवाद शुरू हो जाई जवना के चलते जनता के भी नुकसान उठावे के पड़ सकेला.

मनसे के बयान सामने आईल

एमएनएस के बयान भी एs मामिला में सोझा आईल बा। मनसे के कहनाम बा कि शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे के काफिला पs मनसे के कार्यकर्ता नारियल अवुरी गाय के गोबर से हमला कईले। इs काल्ह के घटना पs प्रतिक्रिया हs, जहवां राज ठाकरे के गाड़ी पs सुपारी से हमला भईल।

एह मामिला में ठाणे पुलिस के बयान भी सामने आइल। पुलिस घटना के पुष्टि कs के 20 से जादे लोग के हिरासत में लेले बिया अवुरी औपचारिक मामला दर्ज करावे के प्रक्रिया में बिया।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-