Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान में बाइक लूट के विरोध कइला पs मारल गइल गोली: गोलीबारी में दु जुवक घायल, एके के हालत गंभीर

460
Google Ads 300*250 for posts

सीवान में सोमार के अपराधियन द्बाबरा बाइक छीनला के दौरान दु जुवकन के गोली मार दिहल गइल बा। बाइक छीनला के विरोध कइला पs अपराधी दु गो जुवक के गोली मरले बाड़ें सs। दुनो जुवक बाइक से बाजार जात रहे लो तबे ई घटना घटल बा। घटना के बाद दुनो जुवक गंभीर रूप से घायल बा लो। घायल जुवकन के सीवान के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा। घटना रघुनाथपुर थाना क्षेत्र के टारी बाजार के फुलवारी के लगे के हs।

गोलीबारी में घायल युवक।

5 से 6 के संख्या में रहले सs अपराधी

घायल जुवकन के पहचान रघुनाथपुर थाना क्षेत्र के गभीरार गांव निवासी राम बहादुर सिंह के 23 साल के बेटा अंशु सिंह आ गभीरार गांव के निवासी 22 साल के आदित्य सिंह के रूप में कइल गइल बा। अंशु सिंह के हाथ में गोली लागल बा आ आदित्य के पेट में गोली लागल बा।

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि दुनो जुवक एक संगे बाजार में कुछ खाये जात रहे लो। तबे बगइचा के लगे करीब 5 से 6 के संख्या में अपराधी निकलले सs आ बाइक छिने के कोसिस करे लगले सs। जब जुवक लोग एकर विरोध कइल तs अपराधी गोली चला देले सs। घटना के बाद स्थानीय लोग घायलन के इलाज खातिर सीवान सदर अस्पताल में भरती करावल जहां दुनो के इलाज जारी बा।

571620cookie-checkसीवान में बाइक लूट के विरोध कइला पs मारल गइल गोली: गोलीबारी में दु जुवक घायल, एके के हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.