[the_ad_group id="30365"]

Basti News: चोरी क के भागत दु गो आरोपियन के गाँव वाला धइलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बनकटी: लालगंज थाना क्षेत्र के बानपुर गांव में एके रात में तीन घर चोरी हो गइल। गाँव के लोग चोरी क के भागत घरी दुनो आरोपी के पकड़ लेले। दुनों के पुलिस के सौंप दिहल गईल। ओह लोग से पूछताछ कइल जा रहल बा।

लालगंज थाना क्षेत्र के बानपुर गांव में सोमवार/मंगलवार के रात मकसूद अहमद के बरामदा में राखल मोबाइल फोन चोरी हो गईल। ओही रात मुबारक शेख के घर में घुसते पैंट में राखल एक हजार रुपया चांदी के पायल चोरी हो गईल। एकरा बाद महेश्वरी के दरवाजा तूड़त घरी जब लोग जागल त चोर भाग गईले। कृष्ण शुक्ला के घर चोरी करे के कोशिश करत गांव के लोग दौड़ के पकड़े के कोशिश कईले, ओकरा बाद आरोपी गांव के नजदीक कुआनो नदी पs पहुंचल अवुरी नाव में बईठ के भागे के कोशिश शुरू क देलस। पीछा करत आइल गाँव के लोग ओह के पकड़ लिहले। दुनों के पहचान बानपुर गांव के विजय अवुरी राम मंतोष के रूप में भईल बा। गांव के लोग पुलिस के सूचना देले। मौका पs पहुंच के पुलिस ओ लोग के हिरासत में ले लेलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]