गोरखपुर में बड़ घटना टलल: सात मिनट में गुजर गइल दु गो ट्रेन, खुलल रहे फाटक

Anurag Ranjan

नौतनवां रेल खंड के हड़हवा क्राॅसिंग पs सोमार के बैरियर गिरबे ना कइल आ ट्रेन आ गइल। अइसन भीड़ के चलते भइल। लोग ट्रैक के किनारे खड़ा रहल आ सात मिनट में दु गो ट्रेन गुजर गइल। गनीमत रहल कि कवनो दुर्घटना ना भइल।

सोमार के सांझ के जब क्राॅसिंग खुलल रहे तs लोग आवत-जात रहे। एही बीच ट्रेन के अइला के सिग्नल गेटमैन के मिलल, बाकिर बहुत देर के गाड़ी आवत-जात रहली सs। एही रास्ता से जा रहल मुकेश कुमार बतवलें कि ऊ घरे जात रहस। हड़हवा फाटक पहुंचल रहस कि ट्रेन के आवाज सुनाई देवे लागल, बाकिर रेलवे ट्रैक के दुनो तरफ लागल फाटक खुलल रहे। एही बीच ट्रेन आ गइल आ फाटक खुलके रह गइल।

झटका में ट्रेन के गुजरला से उहां लोगन के बीच अफरा तफरी मच गइल। अश्वनी मौर्य बतवलें कि रेलवे ट्रैक के अगल-बगल बड़-बड़ बोल्डर पड़ल बा। रेलवे के अधिकारियन के नजर एह पs ना पड़ेला। कुछ छोट बोल्डर रेलवे के पटरियो पs पड़ल बा। अइसन में कबहूं कवनो बड़ हादसा हो सकत बा।

एनईआर सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह कहलें कि रेलवे क्रॉसिंग पs भीड़ जादे रहे। लोग माने के तइयार ना रहे। जब बैरियर बंद ना हो सकल तs गेटमैन बगल में तैनात पुलिसकर्मी लोगन के लेलें आ दुनो तरफ चेन लगाके ट्रेन के पास करावल गइल।

साभार:अमर उजाला

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।