गोरखपुर: दो हजार के कटल चालान त हेलमेट पहिन धरना प बइठल चायवाला, बोलल- पुलिस कर रहल बिया मनमानी

Anurag Ranjan

गोरखपुर जिला के नौका विहार प चाय के स्टाल लगावे वाला युवक के 2000 के चालान कटल त ऊ चौराहा प हेलमेट लगाके धरना प बइठ गइल। सूचना प तत्काल कैंट थाना के पुलिस पहुंचल आ युवक के समझाने के प्रयास करे लागल।

युवक के एह तरे बइठल देख उहां लोगन के भीड़ जुट गइल। जवना के बाद युवक रोवत आपन बात कहलस। ऊ कहलस कि जबतक ओकर चालान माफ नइखें होत, तबतक ऊ धरना से ना उठी। ई सब तब भइल जब एडीजी ट्रैफिक अनुपम कुलश्रेष्ठ शहर में बाड़ें।

जानकारी के मोताबिक, संतकबीर नगर जिला के रहे वाला मदन मोहन किराया के रूम लेके गोरखपुर में रहले। ऊ रामगढ़ताल के नौका विहार प चाय के दोकान चलावेले। बुध के ऊ बाइक से अंबेडकर चौराहा से गुजर रहस कि उनका 2000 के चालान कट गइल।

बियफे के मदन मोहन ओहि अंबेडकर चौराहा प धरना प बइठ गइलें। धरना प हाथ में तख्ती लेके रोवे लागल। ई देख भीड़ जुट गइल आ कैंट के कलेक्ट्रेट चौकी पुलिस, ओटीएमएस के लोग आ गइल।

मदन मोहन बतवले कि ऊ गरीब परिवार से बाड़ें, एतना कमाई ना बा कि ऊ 2000 रुपिया के चालान भर सकल। ओकर 2000 के चालान माफ कइल जाय। युवक के एकरा पहिले दु बेर 5 हजार के चालान कट चुकल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।