आपन बारी’ के इंतजार कइले बिना बाल्टी में भर लिहलस पानी, दोस्त कुल गटइ घोंटके मार दिहले

Share

देश के राजधानी दिल्ली में बाल्टी में पानी भरत घरी एगो मजदूर आपन जान गँवा दिहलस। पानी भरला के विवाद में मजदूर के खुद के साथी कथित तौर पs उनुकर गला रेत के हत्या कs देले। घटना के जानकारी देत ​​पुलिस बीयफ़ें के कहलस कि, एक बाल्टी पानी भरे खातीर ‘आपन बारी’ लेवे से इनकार करे के चलते दु लोग कथित तौर पs अपना साथी के गला रेत के हत्या कs देले। मामिला के जांच के बाद पुलिस एs अपराध में शामिल दुनो आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया।

हत्या के आत्महत्या के रूप दिहल गईल’

घटना के जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि आरोपी मामिला के आत्महत्या निहन बना के गिरफ्तारी से बचे के कोशिश कईले बाड़े। उ बतवले कि आरोपी में से एगो नाबालिग बा अवुरी ओकरा के उत्तर प्रदेश के हरदोई से गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। पुलिस के मुताबिक घटना के जानकारी देवे वाला के बयान सुनला के बाद शुरू में लागल कि मजदूर आत्महत्या कs लेले बा। पुलिस कहलस कि, ‘बाद में डॉक्टर पुलिस के सूचित कईले कि मरेवाला के गर्दन पs कुछ निशान बा अवुरी उनुकर गला रेत के हत्या कs दिहल गईल बा।’

पुलिस आईपीसी के धारा के तहत मामिला दर्ज कईलस

मारल गईल आदमी के पहचान रचित के रूप में भईल बा अवुरी उs पहिले मजदूर के काम करत रहले। पुलिस के कहनाम बा कि, ए मामिला में भारतीय दंड संहिता के धारा 302 (हत्या), 201 (अपराध के सबूत गायब होखे के कारण) अवुरी 34 (सामान्य इरादा) के तहत 16 जनवरी के प्राथमिकी दर्ज भईल रहे। उ बतवले कि सबकुछ साफ होखला के बाद हत्या में शामिल किशोर के पकड़ल गईल जबकि बाकी आरोपी 27 साल के अभयकांत मिश्रा के गिरफ्तार कs लिहल गईल। बतावल जाता कि हत्या के एs घटना के बाद इलाका में सनसनी पसर गईल।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-