[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में छावनी स्टेशन पs बम के सूचना: GRP, RPF, जिला पुलिस आ खुफिया एजेंसी भइल एक्टिव, सर्विलांस टीम के मदद से आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बियफे के रात एगो जुवक छावनी स्टेशन पs बम रखल होखला के सूचना देके सनसनी फइला देलस। आनन-फानन में GRP के संगही RPF आ जिला पुलिस गोरखपुर आ छावनी स्टेशन पs चेकिंग सुरू कs देलस। सर्विलांस के मदद से GRP देर रात गोपालगंज के रहे वाला आरोपी के स्टेशन कैंपस से गिरफ्तार कर लेलस। फ्रॉड कॉल करे वाला आरोपी से खुफिया एजेंसियन के संगही GRP, RPF आ जिला के पुलिस पूछताछ कs रहल बाड़ी सs।

बियफे के रात में 9:05 बजे एगो युवक डायल 112 के कंट्रोल रूम में फोन कs बतवले कि गोरखपुर में छावनी स्टेशन के लगे विस्फोट होखे वाला बा। 31 दिसंबर के ऊ कइयन लोगन के आपस में बात करत सुनले रहे। समय ना मिले के वजह से बता ना सकनी। एकरा के देखत जांच करावल जाव। नाम, पता पूछला पs फोन करे वाला मोबाइल बंद कs देलस। रात 9:40 बजे कंट्रोल रूम से ममिला के जानकारी GRP आ RPF के दिहल।

सर्विलांस के मदद से दबोचाइल आरोपी

स्टेशन पs चेकिंग करावे के संगही सर्विलांस के मदद से फोन करे वालन के तलाश सुरू भइल। आरोपी के लोकेशन स्टेशन कैंपस में डीजल लाबी के पास मिलला पs घेराबंदी कs के GRP ने दबोच लेलस। पूछताछ में ओकर पहचान बिहार के गोपालगंज जिला के श्यामपुर के दिघवदुबौली गांव के सत्येंद्र राय के रूप में भइल।

फिलहाल, GRP, RPF के संगही जिला के पुलिस आ खुफिया एजेंसी के अधिकारी ओकरा से पूछताछ कs रहल बा लो। एहतियात के तौर पs स्टेशन कैंपस में सघन चेकिंग कइल जा रहल बा। GRP थाना प्रभारी विजय प्रताप सिंह बतवलें कि पकड़ल गइल जुवक के मानसिक इस्थिति ठीक नइखे लागत। पूछताछ या आगे के जांच कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]