सासाराम में मालगाड़ी के 20 डिब्बा पटरी से उतरल, गया-हावड़ा रेल रूट पर कई ट्रेन रोकल गइल

कुमार आशू
बिहार के सासाराम से एगो बड़ खबर सामने आईल बा जहां मालगाड़ी के 20 डिब्बा पटरी से उतर गइल बा।  ई हादसा दीनदयाल उपाध्याय रेल डिवीजन के कुम्हऊ स्टेशन के पास भइल। हादसा के चलते कई गया-हावड़ा रूट के ट्रेन प्रभावित हो गइलें सब। रेलकर्मी राहत अउर बचाव कार्य में लागल बानें। गनीमत रहल कि एह हादसा में कौनो भी तरह के जान-माल के नुकसान नाइ भइल। हादसा के कई तस्वीरे भी सोझे आइल बा जेमें देखल जा सकsता कि डिब्बा के पार्ट्स-पुर्जे एन्ने ओंने बिखर गइल बा।

रेलवे मंत्रालय कइलस ट्वीट

रेलवे मंत्रालय ट्वीट करत लिखलें कि डीडीयू मंडल के डीडीयू -गया ग्रैंड कॉर्ड रेलखंड के कुम्हऊ स्टेशन पर आजु 21 सितंबर के 06.30 बजे मालगाड़ी के 20 वैगन के अवपथन के कारण अप,डाउन अउरी रिवर्सल लाइन बन्द बा। मंडल/मुख्यालय से अधिकारियन के टीम घटनास्थल पर जल्दिए पहुंच रहल बिया। रिस्टोरेशन कार चालू बा।


 

Share This Article