Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

22 August के लॉन्‍च होई नया TVS Jupiter 110 स्‍कूटर, मिली ई अपडेट

553
Google Ads 300*250 for posts

भारतीय दु पहिया वाहन निर्माता TVS के ओर से जल्दिये नया स्‍कूटर के लॉन्‍च करे के तइयारी कइल जा रहल बा। नया स्‍कूटर में कइयन गो बेहतरीन फीचर्स के दिहल जा सकत बा। एमे केतना दमदार इंजन दिहल जा सकत बा आ केतना कीमत पs, कब तक लॉन्‍च कइल जा सकत बा। हमनी के एह खबर में बता रहल बानी सs।

आई नया जुपिटर

टीवीएस के ओर से जल्दिये नया जुपिटर भारतीय बाजार में लॉन्‍च कइल जा सकत बा। जेमे कइयन गो बदलाव कइल जाई। कंपनी के ओर से हाले में लॉन्‍च के तारीख के इनवाइट भेजल गइल बा। जेमे स्‍कूटर के नया एलईडी डीआरएल के देखावल जा सकत बा। जवना से ई जानकारी मिल रहल बा कि स्‍कूटर के कर्व डिजाइन वाली नया एलईडी डीआरएल के संगे ले आवल जाई।

होई कास्‍मैटिक बदलाव

अभी कंपनी के ओर से ई जानकारी नइखे दिहल गइल कि एमे कवना तरे के बदलाव कइल जाई, बाकिर उम्‍मीद कइल जा रहल बा कि स्‍कूटर के नया डीआरएल, नया लाइट्स के संगही डिजाइन आ ग्राफिक्‍स में बदलाव कs के ले आवल जा सकत बा। एकरा अलावे स्‍कूटर में कुछ आउर फीचर्स के जोड़ल जा सकत बा। जेमे डिजिटल इंस्‍ट्रूमेंट क्‍लस्‍टर, ब्‍लूटूथ कनेक्टिविटी, मोबाइल फोन चार्जर सामिल बा। एमे नया कलर ऑप्शन कइल जा सकत बा। मौजूदा डिजाइन के मुकाबले ई स्‍कूटर बहुते नया डिजाइन के संगे आ सकत बा।

इंजन में बदलाव के उम्‍मीद कम

टीवीएस जुपिटर के इंजन में बदलाव के उम्‍मीद कम बा। एमे मवजूदा 109.7 सीसी के क्षमता के इंजन दिहल जा सकत बा। जवना से एकरा के 7.77 बीएचपी के पावर आ 8.8 न्‍यूटन मीटर के टॉर्क मिली।

22 अगस्‍त के होई लॉन्‍च

टीवीएस के ओर से एह स्‍कूटर के लॉन्‍च के लेके तारीख के जानकारी दिहल गइल बा। एह नया स्‍कूटर के 22 अगस्‍त, 2024 के भारतीय बाजार में लॉन्‍च कइल जाई। मवजूदा स्‍कूटर के एक्‍स शोरूम कीमत 73,650 रुपिया बा, बाकिर नया वर्जन के एक्‍स शोरूम कीमत करीब 76 से 77 हजार रुपिया हो सकत बा।

होंडा एक्टिवा से बा मुकाबला

टीवीएस के ओर से जुपिटर के 110 आ 125 सीसी सेगमेंट में बिक्री खातिर उपलब्‍ध करावल जात बा। 110 सीसी सेगमेंट के बाजार में एकर सीधा मुकाबला होंडा एक्टिवा, होंडा डियो, हीरो जूम, हीरो प्‍लेजर प्‍लस जइसन स्‍कूटर्स के संगे होत बा।

928190cookie-check22 August के लॉन्‍च होई नया TVS Jupiter 110 स्‍कूटर, मिली ई अपडेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.