छत्तीसगढ़ चुनाव से पहिले कांग्रेस के बड़ दांव, टीएस सिंह देव के बनवलस उपमुख्यमंत्री; CM कहलें- तइयार बानी सs

Share

छत्तीसगढ़ में विधानसभा चुनाव से पहिले कांग्रेस बड़ दांव खेलले बिया। बता दीं कि कांग्रेस के शीर्ष नेता लोग बुध के छत्तीसगढ़ में पार्टी के रणनीति आ चुनावी तइयारियन पs चरचा कइल लो। एकरा बाद देर सांझ के टीएस सिंह देव के छत्तीसगढ़ के उपमुख्यमंत्री बनावल गइला के सूचना सामने आइल। कांग्रेस प्रेस विज्ञप्ति जारी कs के टीएस सिंह देव के उपमुख्यमंत्री बनावाल जाये के जानकारी देलस।

का बोललें भूपेश बघेल?

भूपेश बघेल टीएस सिंह देव के उपमुख्यमंत्री बनावल गइला पs बधाई देलें। एह दौरान मुख्यमंत्री बघेल टीएस सिंह देव के संगे आपन तस्वीर साझा कइलें। ऊ ट्वीट में लिखलें,

राष्ट्रीय राजधानी में भइल मंथन

छत्तीसगढ़ में कांग्रेस के रणनीति आ चुनावी तइयारियन से जुड़ल एगो बैठक में अगुआई पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे आ पूर्व पार्टी अध्यक्ष राहुल गांधी कइल लो। एह बैठक में छत्तीसगढ़ कांग्रेस प्रभारी कुमारी शैलजा, पार्टी महासचिव केसी वेणुगोपाल आ मुख्यमंत्री भूपेश बघेल मुख्य रूप से मवजूद रहल लो।

कब तक चलल बैठक?

कांग्रेस के शीर्ष नेता लोगन के मानीं तs बैठक में तय कइल गइल बा कि राज्य सरकार के कामकाज के लेके चुनाव लड़ल जाई। पार्टी अध्यक्ष के अगुआई में लगभग तीन घंटा तक बैठक चलल। जेमे आगामी विधानसभा चुनाव से लेके लोकसभा चुनाव तक विस्तृत चरचा भइल।

बता दीं कि छत्तीसगढ़ में लोकसभा के 11 सीट बा। हालांकि, पिछला चुनाव में कांग्रेस मात्र दु सीट जीते में कामयाब हो सकल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-