[the_ad_group id="30365"]

पटना में शिक्षक अभ्यर्थियन के महाआंदोलन: सड़क पs उतरल कइयन छात्रन पs लाठीचार्ज; नीतीश-तेजस्वी के पुतला फूंकल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में 1.70 लाख शिक्षक पदन के भर्ती से पहिले डोमिसाइल नीति हटावे के लेके राज्य के शिक्षक अभ्यर्थियन में आक्रोश बा। सनीचर के बिहार सरकार के नया डोमिसाइल नीति के विरोध में हजारन के संख्या में बेरोजगार जुवा राजधानी पटना के सड़कन पर उतर आइल लो।

पटना के डाकबंगला चौक, इनकम टैक्स चौक आउर जेपी चौक पs जुटल नवहा जगह-जगह मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के पुतला फूंकल लो आ शिक्षा मंत्री चंद्रशेखर के बयान के लेकर नाराजगी जाहिर कइल लो, जेमे ऊ कहले रहस कि बिहार के छात्र आउर राज्य के छात्रन के तुलना में कम प्रतिभाशाली बा लो।

प्रदर्शनकारी अभ्यर्थी बिहार सरकार से शिक्षक भर्ती प्रक्रिया में दाेसरा राज्यन के छात्रन से आवेदन मंगवावे के फैसला के वापस लेवे के मांग कइल लो आ अइसन ना कइला पs आपन विरोध जारी रखे के चेतावनी दिहल लो। प्रदर्शनकारी अभ्यर्थियन के एसटीईटी, सीटीईटी के अलावे प्राथमिक, माध्यमिक आ अनुबंध शिक्षकन सहित अलग-अलग शिक्षक संघन के समर्थन प्राप्त रहे।

छात्रन के दउरा-दउरा के पुलिस पीटलस 

एह दौरान पुलिस छात्रन पs लाठियो बरसवलस। छात्रन के पटना के सड़कन पs दउरा-दउरा के पीटल गइल। डीएसपी कोतवाली, कानून आ बेवस्था, नुरुल हक कहलें कि प्रदर्शनकारियन के खिलाफ ममिला दर्ज कइल जाई। ऊ सड़कन पर उतर रहल बा, जवना से ट्रैफिक जाम हो रहल बा। प्रदर्शनकारी संपत्ति के नुकसान पहुंचा रहल बा लो। एकरा खातिर ओह लोगन के जेल जाये के होई। पुलिस प्रदर्शनकारियन के नियंत्रित करे खातिर लाठियन के इस्तेमाल कs रहल बिया।

शिक्षक अभ्यर्थी करी लो विधानसभा के घेराव

ओहिजा, बिहार सरकार के विरोध कर रहल छात्रन के कहनाम रहे कि आउर राज्यन में बिहारी छात्रन खातिर आपन दरवाजा बंद कs दिहल गइल बा। अब हमनी के सरकार दूसरा राज्यन के छात्रन के मवका देके हमनी खातिर दरवाजा बंद कर रहल बिया।

बतावल जा रहल बा कि प्रदर्शनकारी 10 जुलाई से सुरू होखे वाला मानसून सत्र के दौरान विधानसभा के घेराव करे के योजना बना रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]