मशरक के सेमरी पंचायत के पूर्व मुखिया डॉ नरेश सिंह के पुण्यतिथि मनावल गइल, मवका पर रहलें बनियापुर के राजद विधायक केदारनाथ सिंह

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड क्षेत्र के सेमरी पंचायत के पुर्व मुखिया डाॅ नरेश सिंह के पुन्यतिथि पs बनियापुर विधायक केदारनाथ सिंह, प्रखंड प्रमुख रवि प्रकाश उर्फ मन्टु, उनका तैल चित्र पs पुष्प अर्पित कs के उनका के इयाद कइल लोग।

पुण्यतिथी के मवका पर क्षेत्र के कमजोर वर्ग के लोगन के बीच मुखिया पुत्र डाॅ० आशुतोष आ अभिनव कुमार कम्बल वितरण कइल लोग।

पुण्यतिथी के मवका पर पुष्प अर्पित करे वाला में मुख्य रूप से शिक्षक नेता कुमार प्रमोद, जदयू नेता कमेश्वर सिंह, अरविंद कुमार सिंह, राना सिंह, बबन सिंह, सहित सइयन के संख्या में गणमान्य लोग उपस्थित होके उनका तैल चित्र पर पुष्प अर्पित कs के उनका के इयाद कइल लोग। 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-