Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से मुबंई के सफर होई आसान: गोरखपुर-बांद्रा फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन चलाई रेलवे

168
Google Ads 300*250 for posts

रक्षा बंधन के बाद अब मुंबई वापस लवटे वालन के ट्रेन में टिकटन खातिर दिक्कतन के सामना ना करे के पड़ी। गोरखपुर से बांद्रा (मुंबई) के बीच स्पेशल ट्रेन चलावल जाई। गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस-गोरखपुर फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन गोरखपुर से छव सितंबर से 29 नवंबर तक हर सुक के आ बांद्रा टर्मिनस से सात सितंबर से 30 नवंबर तक हर सनीचर के 13 ट्रिप खातिर चलावल जाई।

गोरखपुर से टाइमिंग

ट्रेन नंबर 05053 के टाइमिंग गोरखपुर से 9:30 बजे चल कर खलीलाबाद से 10:10 बजे, बस्ती से 10:40 बजे, गोंडा से 12:00 बजे, बादशाह नगर से 14:02 बजे, ऐशबाग से 14:40 बजे, कानपुर सेन्ट्रल से 16:10 बजे, टुण्डला से 19:10 बजे, आगरा फोर्ट से 20:25 बजे, बयाना से 22:05 बजे, गंगापुर सिटी से 23:00 बजे, दूसरका दिन कोटा से 01:05 बजे, भवानी मंडी से 02:15 बजे, शामगढ़ से 02:40 बजे, रतलाम से 06:25 बजे, बड़ोदरा से 10:30 बजे, सूरत से 12:28 बजे, बलसाड से 13:22 बजे, वापी से 13:42 बजे, पालघर से 16:12 बजे आ बोरीवली से 17:15 बजे छूटके बांद्रा टर्मिनस 18:00 बजे पहुंची।

बांद्रा से टाइमिंग

जबकि ट्रेन नंबर 05054 के टाइमिंग बांद्रा टर्मिनस से 21:15 बजे चल के बोरीवली से 21:50 बजे, पालघर से 22:35 बजे, वापी से 23:36 बजे, बलसाड से 23:56 बजे, दूसरका दिन सूरत से 01:41 बजे, बडोदरा से 03:12 बजे, रतलाम से 06:50 बजे, शामगढ़ से 08:50 बजे, भवानी मण्डी से 09:15 बजे, कोटा से 10:40 बजे, गंगापुर सिटी से 12:50 बजे, बयाना से 14:15 बजे, आगरा फोर्ट से 17:15 बजे, टुण्डला से 19:00 बजे, कानपुर सेन्ट्रल से 22:50 बजे, तीसरका दिन ऐशबाग से 00:55 बजे, बादशाह नगर से 01:20, गोण्डा से 03:30, बस्ती से 04:45 बजे आ खलीलाबाद से 05:15 बजे छूटके गोरखपुर 06:25 बजे पहुंची।

अइसे होई कोच बेवस्था

एह ट्रेन में LSLRD के 01, जनरेटर सह लगेज यान के 01 आ साधारण द्वितीय श्रेणी के 20 कोचन सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

933530cookie-checkगोरखपुर से मुबंई के सफर होई आसान: गोरखपुर-बांद्रा फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन चलाई रेलवे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.