Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP IAS Transfer: यूपी में फेर बड़ प्रशासनिक फेरबदल, 21 के बाद 17 आउर अधिकारियन के तबादला भइल

UP IAS Transfer उत्तर प्रदेश के योगी आदित्यनाथ सरकार एक बेर फेर बड़ स्तर पs प्रशासनिक फेरबदल कइले बिया। बियफे के सांझ के 17 आईएएस अफसरन के तबादला कs दिहल गइल बा। गौरी शंकर प्रियदर्शी के ग्राम्य विकास विभाग के आयुक्त बनावल गइल बा।

408
Google Ads 300*250 for posts

UP IAS Transfer: उत्तर प्रदेश में तबादलन के सिलसिला जारी बा। योगी आदित्यनाथ सरकार एक बेर फेर बड़ स्तर पs प्रशासनिक फेरबदल कइले बिया। मंगर के 21 आईएएस अधिकारियन के तबादलन के बाद बियफे सांझ के फेर 17 आईएएस अधिकारियन के तबादला कइल गइल बा। एह तबादलन में विशेष सचिव, आयुक्त आ मुख्य विकास अधिकारी स्तर के अधिकारी शामिल बावे लो।

यूपी सरकार बियफे के 17 आईएएस अफसरन के तबादला कs देलस। सचिव चिकित्सा शिक्षा रहल गौरीशंकर प्रियदर्शी के ग्राम्य विकास आयुक्त बनावल गइल बा। यूपी मेडिकल सप्लाईज कारपोरेशन के प्रबंध निदेशक के पद से हटावल गइला के बाद से प्रतीक्षारत कंचन वर्मा के महानिरीक्षक निबंधन के पद पs तैनात कइल गइल बा। सचिव कृषि उत्पादन आयुक्त शाखा रहल शाहिद मंजर अब्बास रिजवी अब सचिव वित्त के भूमिका निभइहे।

पोस्टिंग के इंतजार कs रहल प्रमोद कुमार उपाध्याय के अपर महानिरीक्षक निबंधन के पद पs तैनाती दिहल गइल बा। विशेष सचिव विज्ञान आ प्रौद्योगिकी डा. वेदपति मिश्रा के विशेष सचिव माध्यमिक शिक्षा बनावल गइल बा। विशेष सचिव वित्त प्रकाश बिन्दु के विशेष सचिव विज्ञान आ प्रौद्योगिकी के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। विशेष सचिव माध्यमिक शिक्षा रहल जयशंकर दुबे अब विशेष सचिव वित्त होइहे।

विशेष सचिव नगर विकास संजय कुमार सिंह यादव के सदस्य (न्यायिक) राजस्व परिषद के पद पs भेजल गइल बा। मुजफ्फरनगर विकास प्राधिकरण के सचिव महेन्द्र प्रसाद के प्रबंध निदेशक उप्र अनुसूचित जाति वित्त आ विकास निगम के दायित्व दिहल गइल बा। सोनभद्र के मुख्य विकास अधिकारी (सीडीओ) रहल अमित पाल अब मेरठ के नगर आयुक्त होइहे। बहराइच के ज्वाइंट मजिस्ट्रेट सौरभ गंगवार के सोनभद्र के सीडीओ बनावल गइल बा।

सिद्धार्थनगर के सीडीओ पुलकित गर्ग झांसी के नगर आयुक्त नियुक्त कइल गइल बा। मुजफ्फरनगर के ज्वाइंट मजिस्ट्रेट जयेन्द्र कुमार अब सिद्धार्थनगर के सीडीओ के जिम्मेदारी निभइहे। मुजफ्फरनगर के सीडीओ आलोक यादव के उपाध्यक्ष झांसी विकास प्राधिकरण के पद पs भेजल गइल बा। मेरठ के ज्वाइंट मजिस्ट्रेट संदीप भागिया के सीडीओ मुजफ्फरनगर बनावल गइल बा। बरेली के सीडीओ चन्द्र मोहन गर्ग प्रयागराज के नगर आयुक्त होइहे।। सिद्धार्थनगर के ज्वाइंट मजिस्ट्रेट जग प्रवेश के बरेली के सीडीओ पद पs भेजल गइल बा।

ई रहल तबादला के पूरा लिस्ट…

1. गौरी शंकर प्रियदर्शी – आयुक्त ग्राम्य विकास विभाग

2. कंचन वर्मा – महानिरीक्षक निबंधन विभाग

3. शाहिद अंबर अब्बास रिजवी – सचिव वित्त विभाग

4. प्रमोद कुमार उपाध्याय – अपर महानिरीक्षण निबंधन विभाग

5. डा. वेवपति मिश्रा – विशेष सचिव माध्यमिक शिक्षा विभाग

6. प्रकाश बिंदु – विशेष सचिव विज्ञान एवं प्रौद्योगिकी विभाग

7. जयशंकर दुबे – विशेष सचिव वित्त विभाग

8. संजय कुमार सिंह यादव – सदस्य (न्यायिक) राजस्व परिषद

9. महेंद्र प्रसाद – प्रबंध निदेशक अनुसूचित जाति वित्त एवं विकास निगम

10. अमित पाल – नगर आयुक्त मेरठ

11. सौरभ गंगवार – मुख्य विकास अधिकारी सोनभद्र

12. पुलकित गर्ग – नगर आयुक्त नगर निगम झांसी

13. जयेंद्र कुमार – मुख्य विकास अधिकारी सिद्धार्थनगर

14. आलोक यादव – उपाध्यक्ष झांसी प्राधिकरण

15. संदीप भागिया – मुख्य विकास अधिकारी मुजफ्फरनगर

16. चंद्र मोहन गर्ग – नगर आयुक्त नगर निगम प्रयागराज

17. जग प्रवेश – मुख्य विकास अधिकारी बरेली

इहो पढ़ीं…. UP में 21 IAS के ट्रांसफर, 9 डीएम के तबादला: कानपुर हिंसा के 5 दिन बाद डीएम हटावल गइली, लखनऊ आ गोरखपुर के DM बदलल गइले

 

271730cookie-checkUP IAS Transfer: यूपी में फेर बड़ प्रशासनिक फेरबदल, 21 के बाद 17 आउर अधिकारियन के तबादला भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.