गोरखपुर। पूर्वोत्तर रेलवे (NER) के यात्रियन खातिर जरूरी खबर बा। 1 जनवरी 2026 से 107 ट्रेनन के समय सारिणी (टाइम टेबल) में बदलाव कइल जा रहल बा। रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि अलग-अलग स्टेशनन पs ट्रेनन के आगमन आ प्रस्थान समय में आंशिक बदलाव होई। एह बदलाव से यात्रियन के यात्रा योजना बनावे में सावधानी रखे के सलाह दिहल गइल बा।
गोरखपुर जंक्शन से चले वाली ट्रेनन के बदलल समय
नीचे गोरखपुर से गुजरने भा प्रस्थान करे वाली कुछ प्रमुख ट्रेनन के बदलल समय दिहल जा रहल बा-
- 12204 अमृतसर-सहरसा एक्सप्रेस अब रात 12:15 के जगह 12:12 बजे छूटी
- 11123 ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस भोर 02:30 के जगह 02:25 बजे
- 15113 गोमतीनगर-छपरा एक्सप्रेस भोर 02:50 के जगह 02:45 बजे
- 14618 अमृतसर-पूर्णिया एक्सप्रेस सबेरे 03:10 के जगह 03:05 बजे
- 14048 दिल्ली-सीतामढ़ी एक्सप्रेस सबेरे 03:25 के जगह 03:16 बजे
- 12558 आनंद विहार-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस सबेरे 03:50 के जगह 03:47 बजे
- 15568 आनंद विहार टर्मिनस-बापूधाम मोतिहारी एक्सप्रेस सबेरे 04:10 के जगह 04:06 बजे
- 12408 / 12524 / 19601 (न्यू जलपाईगुड़ी रूट) अब सबेरे 04:55 के जगह 04:50 बजे
- 15706 दिल्ली-कटिहार एक्सप्रेस सबेरे 06:30 के जगह 06:25 बजे
- 12521 बरौनी-एर्णाकुलम एक्सप्रेस सबेरे 06:40 के जगह 06:33 बजे
दिन आ सांझ के समय वाली ट्रेनन में बदलाव
- 14604 अमृतसर-नरपतगंज, 15280 आनंद विहार-सहरसा, 15002 देहरादून-मुजफ्फरपुर अब सबेरे 08:05 के जगह 08:00 बजे
- 15566 नई दिल्ली-ललितग्राम एक्सप्रेस सबेरे 09:30 के जगह 09:27 बजे
- 15034 लखनऊ-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस सबेरे 10:10 के जगह 10:05 बजे
- 13020 काठगोदाम-हावड़ा एक्सप्रेस दुपहरिया 12:40 के जगह 12:37 बजे
- 15110 मथुरा-छपरा एक्सप्रेस दुपहरिया 01:50 के जगह 01:47 बजे
रात आ लोकल/सवारी ट्रेनन के नया समय
- 65116 अयोध्या धाम-भटनी मेमू शाम 07:35 के जगह 07:25 बजे
- 15270 साबरमती-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस रात 09:00 के जगह 07:55 बजे
- 15204 लखनऊ-बरौनी एक्सप्रेस रात 10:05 के जगह 10:00 बजे
- 55036 गोरखपुर कैंट-सीवान सवारी सबेरे 05:40 के जगह 05:30 बजे
- 22533 / 12511 / 12589 / 12591 गोरखपुर से सबेरे 06:40 के जगह 06:33 बजे
- 15050 / 15052 / 15048 गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस कुछ मिनट पहिले प्रस्थान
- 75106 गोरखपुर-थावे डेमू शाम 07:10 के जगह 07:05 बजे
- 15004 गोरखपुर-कानपुर अनवरगंज एक्सप्रेस रात 11:20 के जगह 11:15 बजे
यात्रियन से अपील
रेलवे प्रशासन यात्रियन से अपील कइले बा कि यात्रा से पहिले अपडेटेड टाइम टेबल जरूर जांच लें, ताकि कवनो असुविधा ना होखे। 1 जनवरी 2026 से ई नया समय सारिणी प्रभावी होई।
Read Also: AI Slop : सावधान! YouTube पs हर पांचवां वीडियो नकली, इंटरनेट पs बढ़ रहल बा ‘ब्रेन-रॉट’ के खतरा
Post Views: 56







