DDU : गोरखपुर विश्वविद्यालय में नकल करत धरइलें 10 विद्यार्थी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 30, 2025

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कला संकाय भवन में चल रहल परीक्षा के दौरान सोमार के दिन नकलरोधी अभियान चलावल गइल। एह अभियान में नकल सामग्री के संगे 10 छात्र-छात्रा धराइल लोग। विश्वविद्यालय प्रशासन

Share

Atheletics Meet: डीडीयू में काल्ह से सुरू होई तीन दिवसीय वार्षिक एथेलेटिक्स मीट

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कला संकाय भवन में चल रहल परीक्षा के दौरान सोमार के दिन नकलरोधी अभियान चलावल गइल। एह अभियान में नकल सामग्री के संगे 10 छात्र-छात्रा धराइल लोग। विश्वविद्यालय प्रशासन ओह सभन पs अनुचित साधन प्रयोग के तहत कार्रवाई करे के प्रक्रिया सुरू कs देले बा।

कला संकाय भवन में दुपहरिया 1 बजे से 4 बजे तक अलग-अलग विषयन के परीक्षा चलत रहे। एह दौरान कक्ष निरीक्षक कुछ छात्र-छात्रन के नकल करत देख लेलें। तुरंत एकर जानकारी सहायक केंद्राध्यक्ष के दिहल गइल। सहायक केंद्राध्यक्ष तत्काल परीक्षा नियंता के सूचना दे देलें।

एकरा बाद नियंता मंडल के सदस्य डाॅ. वेद प्रकाश राय सुरक्षाकर्मियन के संगे परीक्षा केक्षन में जांच सुरू कइलें। जांच के दौरान छात्र-छात्रन के तलाशी लिहल गइल।

जांच में कुल 10 छात्र-छात्रा नकल सामग्री के संगे धराइल लोग। बरामद नकल सामग्री के संबंधित उत्तरपुस्तिका के संगे संलग्न कs दिहल गइल बा। पकड़ाइल छात्रन में एगाे बीसीए (BCA) के आ नव गो होटल मैनेजमेंट कोर्स के छात्र सामिल बाड़ें।

परीक्षा नियंत्रक डा. कुलदीप सिंह बतवलें कि सोमार के दिन विश्वविद्यालय के अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs कुल 8130 छात्र-छात्रा परीक्षा में सामिल भइल लोग, जबकि 254 परीक्षार्थी अनुपस्थित रहल लोग।

नकल खातिर अपनावल गइल अजीब-अजीब तरीका

पकड़ाइल विद्यार्थी नकल करे खातिर अलग-अलग तरीका अपनवले रहे लोग। कवनो सीरीज के पन्ना स्कैन करा के लाइल रहे, तs कवनो किताब के पन्ना फाड़ के छुपा के रखले रहे। जांच के दौरान कवनो के प्रश्नपत्र से, कवनो के उत्तरपुस्तिका से तs कवनो के कपड़ा से नकल सामग्री बरामद भइल।

विश्वविद्यालय प्रशासन साफ कs देलस कि परीक्षा में नकल कवनो हाल में बर्दाश्त ना कइल जाई आ आगहू अइसन नकलरोधी अभियान सख्ती से चलावल जात रही।

Read Also: Trains Schedule Change : 1 जनवरी 2026 से 107 ट्रेनन के समय सारिणी में बड़ बदलाव, सूची जारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.