Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बड़ी काम के चीज होला ट्रेन के टिकट, यात्रा के सुविधा के अलावा रउआ 6 गो बड़ लाभ उठा सकेनी, का रउआ जानकारी बा ?

75

 

Railway news: जदि रउरा ट्रेन से यात्रा करऽ तानी आ रउआ लगे कन्फर्म ट्रेन टिकट बा तऽ ओह टिकट से रउरा बहुते फायदा उठा सकऽ तानी। अधिकतर लोग इहे जानेला कि ट्रेन के टिकट खाली यात्रा खातिर उपयोगी होला बाकिर अइसन नइखे। एह टिकट के माध्यम से रउआ कई गो सुविधा के लाभ उठा सकऽ तानी।जवना के बारे में रउआ शायदे जानत होखब। रांची रेल मंडल के वरिष्ठ डीसीएम निशांत कुमार बतवले कि ट्रेन के टिकट के बहुत उपयोग होखेला। एकरा माध्यम से रउआ खाना से लेके प्राथमिक चिकित्सा, डोमेट्री तक एक्सेस कऽ सकत बानी। एह बारे में रउरा सभे के अतना जानल जरूरी बा।

 ई सब सुविधा रउरा मिल जाई

1. जदि रउरा लगे कन्फर्म ट्रेन टिकट बा आ रउरा रुके खातिर होटल के जरूरत बा तऽ रउरा आईआरसीटीसी के डारमेट्री के इस्तेमाल कर सकऽ तानी। जहाँ बहुते सस्ता यानी 150 रुपया तक बिस्तर मिल सकऽता। ई मात्र 24 घंटा खातिर मान्य बा।

2. भारतीय रेलवे में तकिया, बेडशीट आ कंबल एसी 1, 2 आ 3 में मुफ्त में उपलब्ध बा। गरीबो रथ में ई सब सुविधा मुफ्त में उपलब्ध बा। जदि रउरा एसी में ई सब नइखे मिलत तऽ रउआ आपन ट्रेन के टिकट देखा के एह चीजन के एक्सेस कर सकऽ तानी। एकरा खातिर रउआ कवनो अतिरिक्त शुल्क ना देबे के पड़ी।

3. जदि ट्रेन से यात्रा करत घरी बेमार महसूस हो रहल बा भा कवनो मेडिकल इमरजेंसी बा तऽ ट्रेन में फास्ट एड के पूरा सुविधा बा। बस रउआ आरपीएफ के जवान के सुचना देबे के पड़ी। जदि रउरा चाहऽब तऽ 139 पर फोन कर सकीलें। तुरंत प्राथमिक चिकित्सा के सुविधा मिल जाई। जदि ट्रेन में रउरा जवन सुविधा चाहीं उऽ नइखे तऽ अगिला स्टेशन पs एकर इंतजाम हो जाई।

4. जदि रउरा राजधानी, दुरंतो भाशताब्दी जइसन प्रीमियम ट्रेन में टिकट बुक कइले बानी आ ई ट्रेन 2 घंटा से अधिका लेट हो गइल बिया तऽ रउरा के आईआरसीटीसी कैंटीन से मुफ्त में खाना दिहल जाई। अगर रउरा के खाना ना दिहल गइल तऽ रउरा 139 नंबर पs डायल कऽ के शिकायतो कर सकऽ तानी।

5. सब रेलवे स्टेशन पs लॉकर रूम आ क्लॉक रूम के सुविधा बा। अइसे में रउआ अपना सामान के एजबलॉकर रूम आ क्लॉक रूम में करीब 1 महीना तक राख सकऽ तानी। हालांकि एकरा खातिर रउरा ₹ 50 से ₹ 100 प्रति 24 घंटा के फीस देबे के पड़ी। बाकिर, एकरो खातिर रउआ लगे ट्रेन के टिकट होखे के चाही।

6. एकरा संगे-संगे ट्रेन से उतरला के तुरंत बाद चाहे चढ़े से पहिले गैर एसी चाहे एसी वेटिंग रूम में आराम से इंतजार कर सकत बानी। एकरा खातिर रउरा आपन टिकट देखावे के पड़ी। इहाँ रहे खातिर कवनो तरह के शुल्क ना लागेला।

इहाँ शिकायत करे के बा

जदि रउरा लगे कन्फर्म टिकट बा आ रउरा एह सब सुविधा में कवनो समस्या के सामना करे के पड़ऽता भा रउरा एहमें से कवनो चीज के फायदा नइखीं ले पावत तऽ रउरा 139 डायल कऽ के शिकायत कर सकऽ तानी। रउरा के तुरंते मदद मिल जाई।

827560cookie-checkबड़ी काम के चीज होला ट्रेन के टिकट, यात्रा के सुविधा के अलावा रउआ 6 गो बड़ लाभ उठा सकेनी, का रउआ जानकारी बा ?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.