Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में सबसे बेसी 43,853 मतदाता आवेदन के मिलल मंजूरी

442
गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक (एमएलसी) निर्वाचन खातिर मतदाता सूची लगभग तैयार हो गइल बा। 23 के एयर ड्राफ्ट प्रकाशन होई, जेकरे बाद नौ दिसंबर तक वोटर बनले के एगो अउर मौका मिली। 30 दिसंबर के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन होई।
एक अक्तूबर 2022 से नयका सिरा से तैयार कइल जा रहल मतदाता सूची खातिर निर्वाचन क्षेत्र के सब 17 जिला से वोटर बने खातिर कुल 2 लाख 20 हजार 915 आवेदन आइल। एमें से एक लाख 98 हजार 611 आवेदन के स्वीकृति मिलल बा। यानी एनकर वोटर बनल तय बा। 3,339 आवेदन पत्र अस्वीकृत कs दिहल गइल बा। गोरखपुर में सर्वाधिक 44260 लोग वोटर बनने खातिर आवेदन कइलें, जेमें से 43,853 आवेदन स्वीकृत भइल बा।
कुल स्वीकृत आवेदन में से पुरुषन के आवेदन के संख्या 1 लाख 39 हजार 236, जबकि महिला के आवेदन के संख्या 72, 234 बा। वोटर बने खातिर सबसे ज्यादा जागरूकता भी गोरखपुर के ही महिला लोग देखवले बा। इहां 44,260 आवेदन में से 28,431 पुरुष अउर 15,422 महिला वोटरन के आवेदन पत्र स्वीकृत भइल बा। इहां कुल 407 आवेदनपत्र छाँट देहल गइल बा।

 

गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के तहत पांच मंडल गोरखपुर, बस्ती, आजमगढ़, फैजाबाद अउर देवीपाटन मंडल के 17 जिला के स्नातक वोटर मतदान कs सकेने। 1 नवंबर 2022 से तीन साल पूर्व स्नातक के डिग्री हासिल करे वाले ही मतदाता बन सकेने। आवेदन भर के संबंधित तहसील कार्यालय में जमा करे के होई।

जिला कुल आवेदन  स्वीकृत अस्वीकृत
गोरखपुर 44,260  43,853 407
महराजगंज 14,179 14,179 00
देवरिया 17,446  17,446 00
कुशीनगर 12,328  12,313 15
गोंडा 6,195 5,837 358
बहराइच 6,849 6,849 00
श्रावस्ती 2,190 2,173 17
बलरामपुर 3,315 3,256 59
अयोध्या 13,182 11,522 1660
अंबेडकरनगर 12,200 12,200 00
अमेठी  6,618 6,273 345
सुलतानपुर 12,859 12,859 00
बस्ती 14,570 14,539 31
संतकबीरनगर  6,855  6,842 13
सिद्धार्थनगर  3,663 3,663 00
आजमगढ़  26,868 26,706 162
मऊ 17,338 10,960 240
कुल 2,20,915 1,98,611 3339

मतदाता बनले के प्रक्रिया

सहायक निर्वाचन अधिकारी जेएन मौर्य बतवलें कि फार्म भर के तहसील चाहे जिला निर्वाचन कार्यालय में जमा करे के होई। उनके साथ स्नातक के मार्कशीट, आधार कार्ड के फोटोकॉपी अउर फोटो लगावे के होई।
376350cookie-checkगोरखपुर में सबसे बेसी 43,853 मतदाता आवेदन के मिलल मंजूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.