गोरखपुर के श्रुति सिंह के मिलल 7 गोल्ड मेडल: विश्वविद्यालय टॉपर समेत राजनीति शास्त्र में रहली अव्वल, उपकुलाधिपति कइलें सम्मानित

Share

बड़हलगंज क्षेत्र के ग्राम पंचायत पटना के पूर्व प्रधान आ जिला प्रभारी प्रधान संगठन हृदय शंकर सिंह के भतीजा गिरिजेश्वर सिंह एडवोकेट के बेटी श्रुति सिंह गोरखपुर विश्विद्यालय परीक्षा वर्ष 2022 मे सर्वाधिक अंक पवले बाड़ी। बुध के दीक्षांत समारोह के अवसर पs उप कुलाधिपति डॉ. राजेश सिंह श्रुति सिंह के 7 स्वर्ण पदकन से नवजलें।

एमे विश्वविद्यालय टॉपर 4 स्वर्ण पदक, राजनीति शास्त्र डिपार्टमेंट टॉपर एगो, कला संकाय टापर एगो, प्रोत्साहन स्वर्ण पदक दिहल गइल। स्वर्ण पदक प्राप्त करे पs परिवार सहित क्षेत्र के जनता में खुसी के माहौल बा।

बधाई देवे वालन मे मुख्य रूप से गोरखनाथ मंदिर के बेवस्थापक योगी सोमनाथ महाराज, सचिव द्वारिका तिवारी, सांसद कमलेश पासवान, सांसद रवि किशन शुक्ल, एमएलसी सीपी चंद, एमएलसी डॉ. धर्मेंद्र सिंह, किसान मोर्चा के प्रदेश अध्यक्ष कामेश्वर सिंह, विधायक राजेश त्रिपाठी, विधायक विपिन सिंह, पार्षद रणंजय सिंह जुगनू, सत्य पाल सिंह उज्जवल भविष्य के कामना आ सुभकामना देले बा लो।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-