[the_ad_group id="30365"]

दुनिया के शीर्ष 150 विश्वविद्यालयन में आईआईटी बॉम्बे सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के टॉप 150 विश्वविद्यालयन में भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी बॉम्बे) में सामिल हो गइल बा। आईआईटी बॉम्बे क्यूएस वर्ल्ड यूनिवर्सिटी रैंकिंग 2024 में 149 वां स्थान हासिल कइले बा। पिछिला साल क्यूएस रैंकिंग में आईआईटी बॉम्बे के 172वां स्थान पs रखल गइल बा। आईआईटी बॉम्बे आपन सर्वोच्च रैंक हासिल कइले बा। आठ साल में ई पहिला बेर बा कि कवनो भारतीय उच्च शिक्षा संस्थान टॉप 150 के सूची में आपन जगह पक्का कइले बा। साल 2016 में इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ साइंस बेंगलुरु क्यूएस रैंकिंग में 47वां रैंकिंग हासिल कइले रहे। क्यूएस के संस्थापक आ सीईओ, नुंजियो क्वाकवेरेली आईआईटी बॉम्बे के बधाई देलें।

श्रेष्ठ 10 भारतीय संस्थान

  • आईआईटी बॉम्बे 149
  • आईआईटी दिल्ली 197
  • आईआईएससी 225
  • आईआईटी खड़गपुर 271
  • आईआईटी कानपुर 278
  • आईआईटी मद्रास 285
  • आईआईटी गुवाहाटी 364
  • आईआईटी रुड़की 369
  • दिल्ली विश्वविद्यालय 407
  • जेएनयू 601
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]