Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WhatsApp यूजर्स सावधान: एक्को गलती पड़ी बहुत महंग, सरकार जारी कइलस चेतावनी

678
Google Ads 300*250 for posts

अगर रउरिओ मैसेजिंग खातिर व्हाट्सएप के इस्तेमाल करतनी त आपके लिए बुरा खबर बा। भारत सरकार व्हाट्सएप पर वीडियो कॉल के जरिए होखे वाले हैकर्स अटैक के चेतावनी जारी कइले बा। ई चेतावनी आईटी मंत्रालय के इंडियन कंप्यूटर इमरजेंसी रिस्पॉन्स टीम (CERT-In) के ओर से व्हाट्सएप यूजर्स खातिर जारी कइल गइल बा। CERT-In के अनुसार व्हाट्सएप के एंड्रॉयड अउरी आईओएस के v2.22.16.12 वर्जन में कुछ खामी पावल गइल बा, जेकर फायदा उठा के हैकर्स आपके नुकसार पहुंचा सकsता। बता देईं कि CERT-In  एसे पहिले गूगल क्रोम में मिलल बग्स के ले के यूजर्स के चेतावनी जारी कइले बा।

WhatsApp में मिलल ई खामी

CERT-In के एडवाइजरी के अनुसार, व्हाट्सएप के एंड्रॉयड अउरी आईओएस वर्जन v2.22.16.12,आईओएस वर्जन v2.22.15.9, आईओएस बिजनेस वर्जन v2.22.16.12 अउर एंड्रॉयड बिजनेस वर्जन v2.22.16.12 के पहिले के वर्जन पर कई खामी मिलल बा।। एह खामी के फायदा उठा के हैकर्स आपके व्हाट्सएप के हैक कs सकतने।। एह खामियन के चलते हैकर्स व्हाट्सएप वीडियो कॉल के जरिए आपके स्मार्टफोन में रिमोट कोड स्टेबलिस्ट कर सकतने। व्हाट्सएप यूजर्स के एसे बचे खातिर सबसे पहले अपने एप के अपडेट कs लेवे के चाहीं।

गूगल क्रोम पs भी मिलल रहल खामी

व्हाट्सएप से पहिले CERT-In गूगल क्रोम के यूजर्स के चेतावनी जारी कइले रहे। एहमें कहल गइल रहल कि गूगल क्रोम में कुछ खामी पावल गइल बा, जेसे हैकर्स एकर फायदा उठा के कंप्यूटर के आसानी हैक कs सकsता। CERT-In कहले रहनें कि हैकर्स आपके सिस्टम पर क्राफ्टेड रिक्वेस्ट भेजकर एके अटैकर्स आर्बिटर्री कोड एग्जीक्यूट कs सकsतने। ई कोड आपके कम्प्यूटर के सुरक्षा के बायपास कs सकsता अउरी आपके सिस्टम के पूरा तरह से हैक कर सकsता।

सुरक्षा खातिर ई करीं

हैकिंग से बचे ख़ातिर व्हाट्सएप यूजर्स के सबसे पहिले अपने व्हाट्सएप के अपडेट कर लेवे के चाहीं। सथही यूजर्स कौनो अनजान लिंक पर क्लिक कइले से बचीं।

345180cookie-checkWhatsApp यूजर्स सावधान: एक्को गलती पड़ी बहुत महंग, सरकार जारी कइलस चेतावनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.