Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्‍ली: सदर बाजार के ईदगाह पार्क में रानी लक्ष्मीबाई के मूर्ति लगाए के काम फिलहाल रोकल गइल, जानीं वजह

211
Google Ads 300*250 for posts

 

हाईकोर्ट के आदेश के बाद दिल्ली के सदर बाजार थाना क्षेत्र के एगो पार्क में झांसी के रानी लक्ष्मीबाई के मूर्ति लगावल जाता। बाकिर सदर बाजार के इदगाह पार्क में रानी लक्ष्मीबाई के मूर्ति लगावे के काम फिलहाल बंद हो गईल बा। एमसीडी के एगो अधिकारी आके काम रोक दिहलस। संगही इदगाह पार्क के नजदीक पुलिस बल के संख्या बढ़ा दिहल गईल बा। बैरिकेडिंग के अउरी कड़ा कs दिहल गइल बा. पार्क के बगल से गुजरत सड़क पs यातायात पूरा तरीका से बंद हो गईल बा। दिल्ली हाईकोर्ट के आदेश पs दिल्ली विकास प्राधिकरण अवुरी दिल्ली नगर निगम संयुक्त रूप से एs मूर्ति के स्थापना करतारे। एही बीच बियफ़ें के सोशल मीडिया पs फर्जी मैसेज बांटल गईल अवुरी एकरा बाद एगो खास समुदाय के लोग भीड़ में जुट गईले अवुरी विरोध करे लगले। मौका पs करीब 100 महिला के भीड़ हड़ताल पस् बईठ गईल। पुलिस महिला के समझवलस, जेकरा बाद उहाँ के स्थिति सामान्य बा।

डीडीए रानी लक्ष्मीबाई के मूर्ति लगा रहल बा

पुलिस अधिकारी बतवले कि, ‘उत्तर दिल्ली के शाही इदगाह इलाका में हाईकोर्ट के आदेश पs डीडीए रानी लक्ष्मीबाई के मूर्ति लगावतिया। मूर्ति लगावे के काम चल रहल बा। एही बीच कुछ स्थानीय लोग के बीच एगो संदेश फैलल कि विरोध प्रदर्शन होई, जवना के चलते कुछ लोग उहाँ पहुंच गईल रहले। पुलिस विरोध करे के कवनो अनुमति ना देले रहे।

पुलिस फिलहाल सभ प्रदर्शनकारी के हटा देले बिया। आज शुक के नमाज हs, एहीसे कानून व्यवस्था के कायम राखे खातीर पर्याप्त सुरक्षा उपाय कईल गईल बा। अर्धसैनिक बल के अलावे पुलिस बल के तैनाती कईल जाई। एहतियात के तौर पs पुलिस एs पार्क में जाए वाला सड़क के बंद कs देले बिया। संगही, पार्क के आसपास भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। बता दीं कि ई पार्क झंडेवालान माता मंदिर से बस कुछ डेग के दूरी पs बा।

 

 

 

968200cookie-checkदिल्‍ली: सदर बाजार के ईदगाह पार्क में रानी लक्ष्मीबाई के मूर्ति लगाए के काम फिलहाल रोकल गइल, जानीं वजह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.