Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महंगाई के मार: दस दिन में 10 रुपया प्रति किलो महंग भइल दाल, रसोई के बजट बिगड़ल

383
Google Ads 300*250 for posts
आए दिन खाद्य सामग्री महंग होत जा रहल बा। एसे गरीब अउरी मध्यम वर्ग के परिवारन के बजट बिगड़ रहल बा। उनके परिवार के भरण-पोषण कइल मुश्किल हो रहल बा। दाल दस दिन में ही दस रुपया प्रति किलो महंग हो गईल बा। उहवें चक्की के आटा 26 रुपये अउरी पैकेट के आटा 28 रुपये किलो पहुंच गइल बा। एसे आमजन के परेशानी ल सामना करे के पड़ रहल बा।

दस दिनों में सब्जियन के दाम में भी वृद्धि भइल बा। दस दिन पहिले परवल 40 रुपये किलो बिकत रहल। अब 60 रुपये किलो हो गइल बा। एही तरे सतपुतिया 20 से 30 रुपया, हरा मिर्च 40 से 60 रुपये प्रति किलो बाजार में मिल रहल बा। एसे गरीब अउरी मध्यमवर्गीय परिवारन के दिक्कत हो रहल बा।

दाम 10 दिन पहिले- अब

अरहर 95 रुपये-105 रुपया
उड़द 90 रुपये -100 रुपया
मसूर 90 रुपये-100 रुपया
मूंग 100 रुपये-120 रुपया
मैदा 26 रुपये-30 रुपया
सूजी 28 रुपये-32 रुपया
नोट-सब दाम प्रति किलो में ह।
304310cookie-checkमहंगाई के मार: दस दिन में 10 रुपया प्रति किलो महंग भइल दाल, रसोई के बजट बिगड़ल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.