[the_ad_group id="30365"]

सरकार के तोहफा: नागपंचमी पs चिड़ियाघर जाए वालन खातिर खुशखबरी, खर्च करे के होई बस एतना रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नागपंचमी के पावन पर्व पर योगी सरकार पूर्वांचलवासियन के खास सौगात देहलें बा। नागपंचमी पर नाग देवता के दर्शन के प्राचीन परंपरा ह। गोरखपुर के चिड़ियाघर में सर्प, खासकर नाग देवता के दर्शन खातिर सरकार एह पर्व के दिन खिड़की से टिकट लेहलें पर 50 फीसदी के रियायत के घोषणा कइलें बा।

देशभर में नागपंचमी के त्योहार मंगलवार के श्रद्धा अउरी उल्लास के साथ मनावल जाई। एक खास मौके पर योगी सरकार शहीद अशफाक उल्ला खां प्राणी उद्यान (चिड़ियाघर गोरखपुर) के टिकट के दाम आधा कs देहलें बा, ताकि अधिक से अधिक लोग चिड़ियाघर जाके देवता (कोबरा) के दर्शन क सकें।
मंगलवार (2 अगस्त) के चिड़ियाघर आवे वाले पयर्टकन में 12 साल के उम्र से अधिक अउर 18 साल के उमिर तक के बच्चवन खातिर 12.50 रुपया अउरी 18 साल से अधिक उम्र के पयर्टकन के खाली 25 रुपये चुकावे के होई।
एह संबंध में लिखित दिशा निर्देश भी जारी क देहल गइल बा। प्राणी उद्यान के निदेशक डॉ. एच राजा मोहन बतवलें कि शासन के अनुमति मिल चुकल बा। मंगलवार ल प्राणी उद्यान के प्रवेश शुल्क आधा लेहल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]