PHED विभाग में 4135 पदन पs होई नियुक्ति: मंत्री नीरज बबलू बोललें- भरती प्रक्रिया सुरू हो गइल बा

Anurag Ranjan

लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण विभाग में 4135 पदन पs जल्दिये नियुक्ति होई। अलग-अलग पदन खातिर कुल 4135 रिक्त पदन पs भरती प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। विभाग के मंत्री नीरज कुमार बबलू प्रेस कॉन्फ्रेंस में ई जानकारी देले।

ऊ बतवलें कि लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण विभाग आ पंचायती राज विभाग के ओर से ग्रामीण क्षेत्रन में 1 लाख 23 हजार 936 जलापूर्ति योजनन के निर्माण कइल जा चुकल बा। एह योजनन के माध्यम से 1 करोड़ 74 लाख घरन में गृह जल संयोजन प्रदान कs के पेय जलापूर्ति कइल जा रहल बा।

जीरो ऑफिस डे के बारे में जानकारी

मंत्री नीरज बबलू कहलें कि जीरो ऑफिस डे के तहत सब क्षेत्रीय अधिकारी विशेष रूप से निर्धारित दिन कार्यालय में ना बइठके, जमीनी स्तर पs जाके योजना के वास्तविक इस्थिति के जांच करी लो। एसे पता चली कि योजनन के बेहतर तरीका से कइसे चलावल जाई।

एमे जवन खामी निकली, ओकरा के जल्दिये दूर कइल जाई। विभाग के ओर से 10,719 टोलन में जल आपूर्ति योजना के निर्माण खातिर 4706.17 करोड़ के योजना पs काम कइल जा रहल बा।

शिशु मृत्यु दर में कमी

ऊ आगे कहलें कि बिहार इकोनॉमिक सर्वे के रिपोर्ट के अनुसार राज्य के निवासियन के स्वास्थ्य मानकन में गुणात्मक सुधार भइल बा। डायरिया के गंभीर ममिलन में बरिस 2019 के तुलना में बरिस 2024 में लगभग 15 गुणा कमी आइल बा। संगही वायरल हेपेटाईटिस आ शिशु मृत्यु दर में कमी आइल बा।

पेयजल एप्प के माध्यम से सब विभागन के पदाधिकारियन के ओर से योजना के क्रियाशीलता के जांच कs के रियल टाइम रिपोर्टिंग कइल जा रहल बा, ताकि बंद पावल गइल योजनन के तुरंत सुरू कइल जावs।

स्वच्छ नीर एप कइल गइल लॉन्च

जलापूर्ति योजनन के रख-रखाव के लेके बुकलेट तइयार कइल गइल बा। एकर विमोचन आज कइल गइल। संगही स्वच्छ नीर एप्प के लॉन्च कइल गइल। एकरा माध्यम से आम नागरिक अपना घरे बइठल-बइठल शिकायत दर्ज करा सकत बा लो। संगही संबंधित अधिकारियन के ओर से निश्चित समय-सीमा में एह शिकायतन के निवारण कइल जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।