[the_ad_group id="30365"]

Twitter पs वेरिफाइड अकाउंट से एह दिन हट जाई ब्लू टिक, Elon Musk ट्वीट कs के तारीख के कइलें एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर के कमान एलन मस्क के हाथ में आवतही ऊ लगातार कइयन गो बड़ बदलाव कइलेे बाड़ें। अइसन में अब ब्लू टिक यूजर्स के लेके एलन मस्क ट्वीट कइलें बाड़ें। ऊ अकाउंट से ब्लू टिक हटावे के अंतिम तिथि 20 अप्रिल तय कs देले बाड़ें।

20 अप्रिल बा ब्लू टिक हटावे के अंतिम तिथि

ट्विटर के मालिक आ अरबपति एलन मस्क ट्वीट कइले बाड़ें कि ब्लू टिक हटावे के अंतिम तिथि 4/20 बा। एकर मतलब बा कि जदि रउआ लगे ट्विटर पs बुलू टिक के संगे सत्यापित खाता बा तs रउआ ब्लू टिक रखे खातिर अब भुगतान करे के होई। खाली उहे खाता ब्लू टिक चेकमार्क रख सकी, जवन ट्विटर ब्लू के सदस्य होई।

अमेरिका में ब्लू टिक खातिर करे के होई एतना भुगतान

Twitter Blue के मूल्य प्रत्येक क्षेत्र के अलग-अलग बा आ ई एह बात पs निर्भर करत बा कि रउआ कइसे साइन अप करत बानी। यूएस में ई आईओएस भा एंड्रॉइड उपयोगकर्ता लोगन खातिर 11 अमेरिकी डॉलर प्रति महीना भा 114.99 अमेरिकी डॉलर हर साल आ वेब उपयोगकर्ता खातिर 8 अमेरिकी डॉलर प्रति महीना भा 84 अमेरिकी डॉलर प्रति वर्ष बा। भारत में एकर दर 900 रुपिया प्रति महीना बा।

4 लाख से जादे अकाउंट के कइलस अनफॉलो

एकरा पहले ट्विटर घोषणा कइले रहे कि 1 अप्रिल से उ लीगेसी सत्यापित खातन से ब्लू टिक माने चेकमार्क बैज के हटावल सुरू कs दी। एह बीच ट्विटर के ट्विटर वेरिफाइएड अकाउंट करीब 4 लाख लीगेसी अकाउंट के अनफॉलो कs देले रहे।

2009 में सुरू कइले रहे ब्लू टिक सेवा

बता दीं कि ट्विटर पहिला बेर 2009 में सत्यापित खातन के सुरुआत कइले रहे, जवना से उपयोगकर्ता लोगन के ई पहचाने में मदद मिल सके कि ओइसन अकाउंट मशहूर हस्तियन जइसे राजनेता, कंपनियन आ ब्रांड, समाचार संगठन के बा। कंपनी पहिले सत्यापन खातिर शुल्क ना लेत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]