Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मथुरा: कांवड़ ले के ईदगाह के तरफ जा रहल अखिल भारत हिंदू महासभा के पदाधिकारी के पुलिस पकड़लस

199
Google Ads 300*250 for posts

मथुरा में पुलिस मंगर के बिहाने अखिल भारत हिंदू महासभा के एक पदाधिकारी के हिरासत में लिहल बा। ऊ कावड़ ले के शाही ईदगाह मस्जिद के तरफ जलाभिषेक करे जात रहलें। एही दौरान पुलिस भूतेश्वर तिराहा पर पदाधिकारी के पकड़ लिहलें अउर थाना ले आइल। पुलिस पदाधिकारी से पूछताछ कs रहल बा।

एसपी सिटी मार्तंड प्रकाश सिंह बतवलें कि अखिल भारत हिंदू महासभा के आगरा जिला प्रभारी सौरभ शर्मा के हिरासत में लिहल गइल बा। छह दिसंबर के ले के श्रीकृष्ण जन्मस्थान अउर ईदगाह के तरफ जाए वाले मार्ग पर चौकसी बरतल जा रहल बा। शहर के शांत माहौल बिगड़े नाइ दिहल जाई। जे माहौल बिगाड़े के कोशिश करी, उनसे सख्ती से निपटल जाई।

अखिल भारत हिंदू महासभा छह दिसंबर के शाही ईदगाह मस्जिद में हनुमान चालीसा अउर लड्डू गोपाल के जलाभिषेक करे के एलान कइलें। एकरे मद्देनजर पुलिस प्रशासन अलर्ट बा। श्रीकृष्ण जन्मस्थान अउर ईदगाद क्षेत्र में कड़ा चौकस बेवस्था बा। जगही-जगही बैरिकेडिंग कइल गइल बा। चेकिंग के बादे लोग के जाए दिहल जा रहल बा।

दू नेता लोग के पुलिस उठवलस, चार लोग भइल नजरबंद

पुलिस सोमार के दू हिंदूवादी नेता लोग के थाना में बैठा लिहलस। चार जनी घर में नजरबंद बानें। गोवर्धन के एसएचओ नितिन कसाना बतवलें कि महाकाल सेना के जिला उपाध्यक्ष डॉ. सीताराम के पुलिस उनके आन्यौर स्थित आवास से पकड़ले बा। थाना हाईवे के प्रभारी निरीक्षक छोटेलाल बतवलें कि बजरंग सेना के पदाधिकारी नरेश सिंह के उनके आवास श्रीजी पुरम से लेआवल गइल बा।

402920cookie-checkमथुरा: कांवड़ ले के ईदगाह के तरफ जा रहल अखिल भारत हिंदू महासभा के पदाधिकारी के पुलिस पकड़लस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.