Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Karwa Chauth 2024: एह महिला लोगन के ना करे के चाहीं करवा चौथ के बरत, बढ़ सकत बा मुश्किल

494

हिंदू पंचांग के अनुसार, हर साल कार्तिक माह में आवे वाला कृष्ण पक्ष के चतुर्थी तिथि पs करवा चौथ (Karwa Chauth 2024 Vrat) के व्रत कइल जाये के विधान बा। अइसन मानल जात बा कि एह व्रत के कइला से शादीशुदा जिनगी खुशहाल बनल रहेला, संगही पति के लमहर उमिर प्राप्त होला। अइसन में चलीं जानल जाव कि कि एह साल करवा चौथ के बरत कब कइल जाई।

करवा चौथ पूजा मुहूर्त (Karwa Chauth Shubh Muhurat)

हिंदू पंचांग के मोताबिक, कार्तिक माह के कृष्ण पक्ष के चतुर्थी तिथि 19 अक्टूबर, 2024 के सांझ 06 बजकर 16 मिनट पs सुरू हो रहल बा। संगही एह तिथि के समापन 20 अक्टूबर के दुपहरिया 03 बजकर 46 मिनट पs होखे जा रहल बा। अइसन में करवा चौथ (Karwa Chauth 2024) के बरत व्रत अतवार, 19 अक्टूबर के कइल जाई। एह दिन सुभ मुहूर्त ई रहे वाला बा-

करवा चौथ पूजा मुहूर्त – सांझ के 05 बजके 47 मिनट से 07 बजके 04 मिनट तक

करवा चौथ व्रत समय – सबेरे 06 बजके 34 मिनट से सांझ 07 बजके 22 मिनट पs

करवा चौथ के दिन चन्द्रोदय के समय – सांझ 07 बजके 22 मिनट पर

ई लोग ना करे बरत

करवा चौथ के बरत निर्जला रखल जाये के विधान बा आ एह बरत में पूरा दिन अन्न-जल के त्याग करे के होला। अइसन में गर्भवती महिला लोगन के एह बरत के रखे से बचे के चाहीं। ई उनका आ गर्भस्त शिशु खातिर हानिकारक हो सकत बा, एहिसे गर्भवती महिला लोगन के करवा चौथ के बरत ना करे के सलाह दिहल जात बा।

शास्त्रन में कहल गइल बा ई बात

करवा चौथ (Karwa Chauth Vrat) के बरत मुख्य रूप से पति के लमहर उमिर खातिर सुहागिन महिला लोगन के ओर से कइल जाला। ओहिजा, शास्त्रन में वर्णन मिलेला कि एह बरत के खाली सुहागिन महिला लोगन के करे के चाहीं। अइसन में कुआर कन्या लोगन के ई यह बरत ना करे के चाहीं, बाकिर जदि राउर बियाह तय हो चुकल बा तs एह बरत के कइल जा सकत बा।

963620cookie-checkKarwa Chauth 2024: एह महिला लोगन के ना करे के चाहीं करवा चौथ के बरत, बढ़ सकत बा मुश्किल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.