बिहार में शराब चालू होखे के चाहीं भा ना? प्रशांत किशोर करवले सर्वे

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2024

जन सूरज के संस्थापक प्रशांत किशोर 2025 के विधानसभा चुनाव पूरा ताकत से लड़े जा रहल बाड़े। जन सूरज के नांव पऽ उऽ पिछला दु साल से बिहार के अलग-अलग जिला में मार्च करत बाड़े,

Share

Prashant kishor

जन सूरज के संस्थापक प्रशांत किशोर 2025 के विधानसभा चुनाव पूरा ताकत से लड़े जा रहल बाड़े। जन सूरज के नांव पऽ उऽ पिछला दु साल से बिहार के अलग-अलग जिला में मार्च करत बाड़े, उऽ अब एकरा के पार्टी के रूप देवे जा रहल बाड़े। जन सूरज 2 अक्टूबर के पार्टी बनावे जा रहल बाड़े। पार्टी बनावे से पहिले प्रशांत किशोर एक के बाद एक घोषणा करत बाड़े। शराबबंदी के लेके उऽ एगो बड़ घोषणा कइले बाड़े कि जदी सरकार बन गइल तऽ एक घंटा के भीतर बिहार में शराबबंदी कानून खतम हो जाई। अब एह पर एगो छोटहन सर्वेक्षण कइले बाड़न।

एह सर्वेक्षण के माध्यम से ई जाने के कोशिश कइल गइल बा कि पीके के बयान पर लोग का कहत बा। प्रशांत किशोर के एह बयान से लोग सहमत बा कि असहमत? अब सर्वेक्षण में जवन आंकड़ा आइल बा उऽ हैरान करेवाला बा। दरअसल जन सूरज के ओर से इ सवाल जनता से ” एह सवाल पर लोग के हाँ आ ना के जवाब देबे के पड़ी। 24 घंटा बाद रिजल्ट सार्वजनिक भइल।

अधिकतर लोग हाँ में जवाब देले

एक्स पs वोट देवे में अधिकांश लोग एह सवाल के जवाब हाँ में देले बाड़े। माने कि प्रशांत किशोर के बयान से अधिकांश लोग सहमत बाड़े। 76.7 प्रतिशत लोग हाँ में वोट देले। जबकि 23.3 प्रतिशत लोग ना के जवाब देले बाड़े। माने उ लोग के मानना बा कि बिहार में शराब निषेध कानून के खतम ना होखे के चाहीं। एह सर्वेक्षण में कुल 5 हजार 828 लोग आपन वोट दिहले बा।

बिहार में शराब चालू करे पs लोग के सहमती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.