Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

JEE Mains 2024 सेशन 2 खातीर आवेदन सुरू, इहां डायरेक्ट लिंक से करीं अप्लाई

598

जेईई मेन्स 2024 : जेईई मेन्स सत्र 2 खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार खातिर एगो बढ़िया खबर बा। राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी जेईई मेन्स 2024 के परीक्षा सत्र 2 के रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया 2 फरवरी से सुरू कs देले बिया। इच्छुक उम्मीदवार एनटीए जेईई के आधिकारिक वेबसाइट jee main.nta.ac पs जाके संयुक्त प्रवेश परीक्षा यानी जेईई मेन्स सत्र 2 खातिर आवेदन कs सकेलें। ध्यान रहे कि एकरा खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख 2 मार्च 2024 बा।

जेईई मेन्स 2024 सत्र 2 खातिर आवेदन कईसे कईल जाई

•सबसे पहिले एनटीए जेईई के आधिकारिक वेबसाइट jeemain.nta.ac.in पs जाईं।

•एकरा बाद होम पेज पs उपलब्ध जेईई मेन्स परीक्षा 2024 सत्र 2 के लिंक पs क्लिक करीं।

•ओकरा बाद आपन रजिस्ट्रेशन करा के लॉगिन करीं।

•एकरा बाद आवेदन फार्म भर के फीस के भुगतान करीं।

•एकरा बाद सबमिट पs क्लिक करीं आ पेज डाउनलोड

करीं।

•आखिरकार एकर हार्ड कॉपी आगे के जरूरत खातिर अपना

लगे राखीं।

 

 

 

727530cookie-checkJEE Mains 2024 सेशन 2 खातीर आवेदन सुरू, इहां डायरेक्ट लिंक से करीं अप्लाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.