Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इराक-सीरिया में 85 ईरानी ठिकानन पs हमला कइलस अमेरिका : 7 जगहन पs दगलस 3 अमेरिकी सैनिकन के मौत के  जवाब देलस

267

अमेरिका सनीचर के सबेरे इराक आ सीरिया में 85 ईरानी ठिकानन पs हमला कइलस । ई अटैक पांच दिन पहिले जॉर्डन-सीरिया बॉर्डर पs ड्रोन हमला में तीन सैनिकन के मौत के जवाब में कइल गइल।

न्यूयॉर्क टाइम्स के मोताबिक अमेरिकी सेना एगो बयान में कहलस कि ओकर लड़ाकू विमान सनीचर के सबेरे इराक आ  सीरिया में ईरान रिवोल्यूशनरी गार्ड (IRGC) आ ओकरा समर्थित मिलिशिया से जुड़ल 85 ठिकानन पs जवाबी हवाई हमला कइलस।

एह दौरान सात जगहन  (चार सीरिया, तीन इराक) पs मिसाइल दगलस। कमांड एंड कंट्रोल सेंटर, रॉकेट, मिसाइल आ ड्रोन स्टोरेज साइट के संगे-संगे इंटेलिसजेंस ठिकानन के निशाना बनवलस।

बाइडेन बोललें- जवाब दिहल जारी रखिहें

CNN के मोताबिक, अमेरिकी एयरस्ट्राइक के बाद राष्ट्रपति जो बाइडेन कहलें- अमेरिकी सैन्य बल इराक आ सीरिया में ओह ठिकानन के निशाना बनवलस, जवना के उपयोग IRGC आ उनकर समर्थित मिलिशिया अमेरिकी बलन पs हमला करे  खातिर करेला। हमनी के आज जवाब दिहल शुरू कs देले बानी सs। ई जारी रही।

ऊ कहलें- अमेरिका मिडिल ईस्ट भा दुनिया में कहियों संघर्ष नइखे चाहत। बाकिर ऊ सब हमनी के नुकसान पहुंचावल् चाहत बा, ओह सभन ई जान लेवे के चाहीं कि जदि ऊ कवनो अमेरिकी के नुकसान पहुंचावत बानी, तs हम जवाब देनी। ओहिजा, अमेरिका रक्षा मंत्री लॉयड ऑस्टिन कहलें- ई तs बस सुरुआत बा।

2 जनवरी के हमला के प्लान भइल रहे अप्रूव

28 जनवरी के जॉर्डन-सीरिया बॉर्डर पs बनल अमेरिकी बेस- टावर 22 पs बैलिस्टिक मिसाइलन से हमला भइल रहे। एमे तीन अमेरिकी सैनिक मारल गइल रहे आ कइयन लोग घायल भइल रहे। इजराइल-हमास जंग के बीच अइसन पहिला बेर तीन अमेरिकी सैनिकन के मौत भइल रहे।

अमेरिका एह हमला के पीछे ईरान के समर्थन वाला गुट के जिम्मेदार ठहरवले  रहस। तब से राष्ट्रपति जो बाइडेन आ आउर टॉप अमेरिकी नेता लगातार चेतावनी देत रहे लो कि अमेरिका मिलिशिया पs जवाबी हमला करी। एकरा बाद दु जनवरी के  बाइडेन सीरिया आ ईराक में बनल ईरानी ठिकानन पs हमला के प्लान अप्रूव कइलस। तीन जनवरी के सबेरे अमेरिकी सेना हमला कs देलस।

ईरान के धमकी के बाद अमेरिकी बेस पs हमला भइल रहे

अमेरिकी बेस पs हमला से पहले ईरान इजराइल पs सीरिया के राजधानी दमिश्क में एगो इमारत पs हमला करे के आरोप लगवले रहस। ईरानी मीडिया IRNA के मोताबिक, एमे पांच लोगन के मौत भइल रहे। मरे वालन में ईरान के चार मिलिट्री एडवाइजर आ सीरिया में ईरानी सेना के चीफ इंटेलिजेंस ऑफिसर सामिल रहे। एकरा बाद ईरान बदला लेवे के धमकी दिहल गइल रहे।

न्यूयॉर्क टाइम्स के मोताबिक इजराइल-हमास जंग अब मिडिल ईस्ट में फइले लागल। ईरान आ अमेरिका सीधा लड़के सीरिया आ ईराक जइसन देसन के सहारा लिहल जा रहल बा। जवन पहिलही से आतंक के गिरफ्त में रहे। सात अक्टूबर के इजराइल-हमास जंग सुरू होखला के बाद इराक-सीरिया में अमेरिका पs 140 से जादे बेर हमला भइल बा।

इराक में अमेरिका सैनिकन के घुसला पs पाबंदी

इराक के प्रधानमंत्री अल सुदानी अपना देस में आ अमेरिकी सैनिकन के घुसला पs पाबंदी लगा दिहल गइल बा। सुदानी कहलें रहस कि अमेरिकी सैनिकन के इराक से निकलला खातिर एगो समय सीमा करे के जरूरत रहे।

दरअसल, सूदानी नइखे चाहते की ईरान आ अमेरिका के दुश्मनी से उनका देस में कवनो नया जंग छिड़ जाव। सुदानी न्यूज एजेंसी रॉयटर्स के दिहल इंटरव्यू में कहले रहे कि ई हमनी के एकदमे मंजूर नइखे कि कुछ देस आपसी लड़ाई के बीच हमनी के जमीन के गलत इस्तेमाल कs रहल बा।

727410cookie-checkइराक-सीरिया में 85 ईरानी ठिकानन पs हमला कइलस अमेरिका : 7 जगहन पs दगलस 3 अमेरिकी सैनिकन के मौत के  जवाब देलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.