[the_ad_group id="30365"]

पेरिस ओलंपिक: भारत अब तक के बेहतरीन देवे के तैयारी में बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे बड़ खेल मेला यानी ओलंपिक खेल के आयोजन पेरिस में अबकी 26 जुलाई से 11 अगस्त तक होखे वाला बा। भारतीय खिलाड़ी एह घरी एह खेलन के तइयारी के अंतिम रूप देबे में व्यस्त बाड़े ।

अबहीं ले पुरुष हॉकी टीम समेत 83 गो भारतीय खिलाड़ी एह खेलन में भाग लेबे खातिर क्वालीफाई कर चुकल बाड़े ।

बाकिर एह खेलन खातिर क्वालीफाइंग टूर्नामेंट के आयोजन 30 जून ले हो रहल बा एहसे एहमें भाग लेबे वाला भारतीय खिलाड़ियन के संख्या बढ़ल तय बा ।

पेरिस के अलावा ई खेल फ्रांस के 16 गो अउरी शहरन में आयोजित कइल जा रहल बा। एह खेलन में भाग लेबे वाला खिलाड़ियन के संख्या दस हजार पाँच सौ तय कइल गइल बा। एहमें 32 गो खेलन के 329 गो आयोजन होखे वाला बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]