Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Happy New Year 2024 Shayari: ‘नया सुबेर आइल, नया किरन के साथे’, नया साल पs अपने दोस्तन के भेजी इs खास सायरी, अइसे कहीं – ‘हैप्पी न्यू ईयर’

345
Google Ads 300*250 for posts

 

नया साल 2024 के शुभकामना शायरी : साल 2023 के अलविदा कह रहल बा, पूरा दुनिया अब नया साल के स्वागत के तैयारी में व्यस्त बा। लोग नया साल के शुरुआत नया उम्मीद आ नया उत्साह से करेला आ अब बस ओह पल के इंतजार करत बा जब घड़ी बारह बजे हो जाई, जब लोग नया साल में कदम रखी। एह दौरान लोग अपना खास आ प्रियजनन के संदेश भेज के नया साल के शुभकामना देत बा जेहसे कि नया साल के शुरुआत सभका खातिर बहुते खास हो जाव।

भले ही लोग अपना तरीका से नया साल के शुभकामना देवेला, चाहे उ हिंदी में होखे भा अंग्रेजी में, लेकिन जदी इs बधाई के संदेश अपना भाषा में दिहल जाए तs एकर असर अवुरी बढ़ जाला। अइसना में हमनी के कुछ भोजपुरी कविता के बारे में बताइब जा जवना के रउआ नया साल पs अपना दोस्तन के भेज सकेनी।

नया साल पs भोजपुरी में भेजी संदेश

*’नया साल के दिन आज उ हमार साथ नईखे, अफसोस एह बात के ना कि उ आज हमरी पास नईखे।

डर तs एह बात के लागेला कि उन कर हाथ कहीं कवनो गलत हाथ में तs नईखे.’नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

*’जईसे जईसे नया साल नजदीक आ रहल बा, खामोश धड़कन में हलचल मचा रहल बा।

हे भगवान काश हमरो सेटिंग करा देत, हमार दोस्त अपना जान खातिर ग्रिटिंग कार्ड सजा रहल बा.’नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

*’नया साल में आवा हमनी के पुरान गलती सुधार करी जा, नया उम्मीद के साथे आपन ज़िनगी के बेहतर बनाई जा”, नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

*’हर साल आवे ला हर हर साल जाला, रउवा उसब मिले जौन राउर दिल चाहता’, नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

*’बीत गईल साल जौना के भूल जाएके, नया साल के हंस के गले लगावे के, एक दूसरे के खातिर आवा कईल जाव दुआ सिर झुका के, आवा आपन साल सुधारे के’, नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

*’दिल से निकलल दुआ बा हमार, जिंदगी में मिले खुशी आपार, गम ना रहे एको, इहे प्रार्थना बा हमार.’ नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

*’रउवा हमरा करीब तs ना सही लेकिन दिल में तs रहेनी, एहसे हम रउवा के पहिले विश कर तानी कि केहु हमरा से पहिले ना विश कs दे.’ नया साल 2024 के हार्दिक शुभकामना

 

 

 

701410cookie-checkHappy New Year 2024 Shayari: ‘नया सुबेर आइल, नया किरन के साथे’, नया साल पs अपने दोस्तन के भेजी इs खास सायरी, अइसे कहीं – ‘हैप्पी न्यू ईयर’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.