Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के 24 जिलन में बरखा के पूर्वानुमान, तेज हवा के संगे पूरा प्रदेश में छाइल रही बाद

227
Google Ads 300*250 for posts

पटना: बिहार के 24 जिलन में आज हलका से मध्यम स्तर के बरखा होखला के पूर्वानुमान बा। मौसम विज्ञान केंद्र पटना एकरा के लेके अलर्ट जारी कइले बा। पटना आ आसपास के क्षेत्रन में बरखा के पूर्वानुमान बा आ समूचा प्रदेश में आसमान में बादल छाइल रही।

एसे अधिकतम तापमान में एक से दु डिग्री सेल्सियस के गिरावट देखे के मिली। अइसन में लोगन के गरमी से राहत मिलला के आसार बन रहल बा। हालांकि प्रदेश में अभी मानसून जादे सक्रिय नइखे। मौसम विभाग के मानल जाव तs प्रदेश में मानसून अब आगे बढ़ रहल बा आ आवे वाला 4 से 5 दिनन में प्रदेश में बरखा के सिस्टम पूरा तरे से सक्रिय हो जाई।

578040cookie-checkबिहार के 24 जिलन में बरखा के पूर्वानुमान, तेज हवा के संगे पूरा प्रदेश में छाइल रही बाद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.