Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Chhapra: विसर्जन में सामिल हाथी भइल बेकाबू, पटक-पटकके एगो जुवक के मरलस

364

सारण के एकमा में सनीचर के विसर्जन जुलूस में सामिल हाथी अचानक बेकाबू हो गइल। हाथी एगो जुवक के पटक-पटकके मार देलस। एकरा पहिले हाथी मुख्य सड़क पs जमके उत्पात मचवलस। कइयन गो पोल तुड़ देलस। दुगो कार, तीन गो बाइक के नुकसान पहुंचवलस।

लगभग एक घंटा तक हाथी के वजह से मार्केट में अफरातफरी के माहौल बनल रहल। तनिका देर बाद हाथी के महावत आ मेला में मवजूद लोगन के मदद से काबू कs लिहल गइल। एकरा बाद ओकरा के ओह बगइचा में ले आवल गइल जहां ऊ रहत रहे। ओकरा के एगो गाछ से बांध दिहल गइल।

तनिका देर बाद हाथी फेर भड़क गइल। ऊ रस्सी तुड़लस आ एगो जुवक के पटक-पटकके मार देलस। एकरा बाद हाथी उहां से भाग गइल। घटना एकमा के भुइली गांव के लगे के हs।

मृतक तारकेश्वर यादव के छोट भाई बतवलें कि ‘हाथी के लेके लोग बगीचा के और गइल रहे। उहां पs ओकरा बांधे के कोसिस कइल गइल, बाकिर रस्सी के तुड़के ऊ फेर से उत्पात मचावे लागल। एह बीच उनकर बड़ भाई के पटक पटकके मार देलस।’

984410cookie-checkChhapra: विसर्जन में सामिल हाथी भइल बेकाबू, पटक-पटकके एगो जुवक के मरलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.