Hunger Index: भारत में भुखमरी में आई कमी, लेकिन अब भी गंभीर श्रेणी में; 127 देशों की सूची में 105वां स्थान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 13, 2024

वैश्विक भूख सूचकांक (जीएचआई) में भारत अबकी बेर 127 देसन के सूची में 105वां स्थान पs आ गइल बा। पीछिलका बरिस 125 देसन में भारत 111वां नंबर पs रहे आ ओकरा पहिले 107वां स्थान पs।

Share

सांकेतिक तस्वीर - फोटो : एएनआई

वैश्विक भूख सूचकांक (जीएचआई) में भारत अबकी बेर 127 देसन के सूची में 105वां स्थान पs आ गइल बा। पीछिलका बरिस 125 देसन में भारत 111वां नंबर पs रहे आ ओकरा पहिले 107वां स्थान पs। माने अबकी बेर इस्थिति में कुछ सुधार भइल बा, बाकिर 27.3 अंक के संगे भारत अभियो गंभीर भूख के समस्या वाला 42 देसन में बनल बा। एह सूची में चीन, यूएई आ कुवैत सहित 22 देसन में पहिला नंबर पs बा।

जीएचआई बतावेला कि कवनो देस में भुखमरी के इस्थिति का बा। जवना देस के स्कोर जेतना कम होई माने उहां के लोग ओतने कम भूखाइल बा। एह रिपोर्ट के आयरलैंड के संस्था कंसर्न वर्ल्डवाइड आ वर्ल्ड हंगर हेल्प मिलके प्रकाशित करेला। जीएचआई के 19वीं रिपोर्ट के मोताबिक, भारत अपना पड़ोसी देसन श्रीलंका, नेपाल, म्यांमार आ बांग्लादेश से पीछे बा, जबकि पाकिस्तान आ अफगानिस्तान के मुकाबले अच्छा इस्थिति में बा। एमे बतावल गइल कि श्रीलंका 56, नेपाल 68 आ बांग्लादेश 84वां स्थान के संगे भारत से कहीं आगे बा। या सब देस बेहतर जीएचआई स्कोर के संगे मध्यम श्रेणी में बा। ओहिजा, 109वां स्थान वाला पाकिस्तान आ 116वां स्थान के संगे अफगानिस्तान गंभीर श्रेणी में सामिल बा।

युद्ध के कारण गाजा आ सूडान में असाधारण खाद्य संकट
जीएचआई के अनुसार, कुछ अफ्रीकी देस खतरनाक श्रेणी के अंतिम छोर पs बा। रिपोर्ट में गाजा आ सूडान में युद्ध के असाधारण खाद्य संकट के कारण बतावल गइल बा। एमे कहल गइल बा कि युद्ध आ नागरिकन के बीच संघर्ष अउरियो स्थानन पs खाद्य संकट पैदा कs रहल बा, जेमे डॉमिनिक रिपब्लिक ऑफ कांगो, हैती, माली आ सीरिया सामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.