‘सुशांत के ड्रग्स लेवे खातिर उकसावल गइल’ : NCB के रिया चक्रवर्ती पs गम्भीर आरोप
अब दिवंगत बॉलीवुड अभिनेता सुशांत सिंह राजपूत के निधन के 2 साल से ज्यादा बीत गईल बा। लेकिन, स्थिति इ बा कि ए मामला के आग ठंडा होखे के नाम नईखे लेत। पछिला दु साल से एनसीबी के नजर ए मामला के मुख्य आरोपी अवुरी सुशांत के कथित प्रेमिका रिया चक्रवर्ती प लागल बा। हाल ही में सुशांत सिंह राजपूत से जुड़ल ड्रग्स केस में रिया के बारे में एनसीबी दावा कईले बिया कि अभिनेत्री कई बेर गांजा पहुंचवले रहली। जवना में उनकर भाई शौविक चक्रवर्ती के नाम भी शामिल बा।
Draft charges submitted against Rhea Chakroborty in Special NDPS court of receiving deliveries of ganja from Samuel Miranda, Showik Charoborty & Dipesh Sawant & others and handing over those deliveries to late actor Sushant Singh Rajput while making payments for them in yr 2020
— ANI (@ANI) July 13, 2022
मीडिया रिपोर्ट से मिलल जानकारी में एनसीबी नशा के मामला में दावा कईले बिया कि रिया चक्रवर्ती कई बेर नशा के सप्लाई कईले रहली। जवना में उनकर भाई शौविक चक्रवर्ती के भी हाथ भरल रहे। संगही, खबर के मुताबिक ए अभिनेत्री प सुशांत सिंह राजपूत के नशा के लत लगावे खाती उकसावे के गंभीर आरोप भी लागल बा।
एनसीबी कइलस खुलासा
12 जुलाई के भईल सुनवाई में एनसीबी रिया के मामला में इहो खुलासा कईले रहे कि अभिनेत्री सौविक समेत सभ आरोपी एक दूसरा के संगे मार्च 2020 से दिसंबर 2020 तक आपराधिक साजिश रचले रहले, ताकि उ बॉलीवुड अवुरी हाई सोसाइटी में शामिल हो सके। ऊ नशा बाँटे, बेचे आ खरीदे खातिर बा।
एह धारा के तहत दर्ज केस
मंगलवार के अदालत में एनसीबी दावा कईलस कि आरोपी मुंबई में नशा के तस्करी खाती ना सिर्फ फंडिंग करेले बालुक गांजा, चरास, कोकीन जईसन नशा के इस्तेमाल करेले। अवैध तस्करी आ अपराध में लिप्त होखे आ अपराधियन के साथ देबे खातिर सगरी आरोपियन का खिलाफ धारा 27 आ 27 ए लगावल गइल बा. एकरा अलावे ए लोग के खिलाफ धारा 28 अवुरी धारा 29 के तहत मामला दर्ज भईल बा।
Comments are closed.