Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी के बांचल 24 लोकसभा सीटन खातिर भाजपा के प्रत्याशी तय, सीएम योगी के मौजूदगी में भइल मंथन

488
Google Ads 300*250 for posts

Up news: यूपी के बांचल 24 लोकसभा सीटन खातिर भाजपा के प्रत्याशी तय हो गइल बा। सीएम योगी के मौजूदगी में नामन पऽ मंथन भइल। चार विधानसभा सीटन पऽ होखे वाला उपचुनावो खातिर नामन के पैनल तय कइल गइल बा।

भाजपा आपन पहिलका सूची में प्रदेश के 80 में से 51 लोकसभा सीटन के प्रत्याशियन के घोषणा कइले रहें। अब पार्टी के हिस्सा में 24 सीट आउर बाकी बा। ए सीटन के संभावित उम्मीदवारन के नामन पऽ बुध के दिने पांच कालिदास मार्ग स्थित मुख्यमंत्री आवास में भइल भाजपा कोर कमेटी के बैठक में मंथन भइल। बइठक में प्रदेश के उऽ चार गो विधानसभा सीटन के संभावित चेहरनो के लेके चर्चा भइल, जवना पऽ लोकसभा के साथे उपचुनाव होखे के बा। कुल सीटन खातिर संभावित तीन-तीन नामन के पैनल तइयार कइल गइल बा। इन्का के केंद्रीय नेतृत्व खातिर भेजल जाई, जवना पऽ शुक के दिल्ली में होखे वाला केंद्रीय चुनाव समिति के संभावित बैठक में विचार हो सकऽता।

प्रदेश के 80 सीटन में से भाजपा अबकी बेर 75 पऽ आपन सिंबल पऽ चुनाव लड़े वाला बिया। बाकी पांच गो सीट उऽ सहयोगियन खातिर छोड़ देले बिया। पहिलका सूची में पार्टी 44 जीतल आ सात हारल सीटन के शामिल करत उम्मीदवारन के ऐलान कइले रहें। अब जवना सीटन पऽ घोषणा होखल बाकी बा, ओमें 19 गो जीतल आ पांच गो हारल भइल बा। ई उहें सीट हऽ, जवना पऽ पार्टी व्यापक बदलाव के मन बना रहल बिया। एमें मेनका आ वरुण गांधी, रमापति राम त्रिपाठी, संतोष गंगवार, सत्यदेव पचौरी अगिला रीता बहुगुणा जोशी, वीरेंद्र सिंह मस्त, बृजभूषण शरण सिंह सहित कई दिग्गजन के सीटो शामिल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ यूपी के चुनाव प्रभारी बैजयंत जय पांडा के मौजूदगी में भइल भाजपा कोर कमेटी की ऐप पऽ पढ़ी एही सीटन खातिर तीन-तीन संभावित नामन के पैनल के अंतिम रूप दिहल गइल। बइठक में प्रदेश भाजपा अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी, महामंत्री संगठन धर्मपाल सिंह, उपमुख्यमंत्री द्वय केशव प्रसाद मौर्य आ ब्रजेश पाठक मौजूद रहले।

ए चार सीटन पऽ होखे के बा उपचुनाव

प्रदेश के चार गो विधानसभा सीट ए घरी खाली चल रहल बा। एमें पूर्व मंत्री आशुतोष टंडन के निधन से खाली भइल लखनऊ के पूर्वी सीटो शामिल बा। एकरा अलावा शाहजहांपुर के ददरौल, बलरामपुर के गैंसड़ी आ अनुसूचित जनजाति खातिर आरक्षित सोनभद्र के दुद्धी सीटो शामिल बा। ए चारों विधानसभा सीटन पऽ लोकसभा के साथहीं चुनाव होखे के बा। कोर कमेटी में ए सीटन खातिर तीन-तीन नामन के पैनल तय भइल।

759050cookie-checkयूपी के बांचल 24 लोकसभा सीटन खातिर भाजपा के प्रत्याशी तय, सीएम योगी के मौजूदगी में भइल मंथन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.