UP By Election: सीएम योगी बोललें-मोदी के नीति, नीयत आ निर्णय पs जनता के विश्वास; फेर दोहरवलें ‘बटल जाई तs कटल जाई’

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2024

यूपी उपचुनाव में मिलल जीत के बाद भाजपा कार्यालय में प्रेस वार्ता के आयोजन कइल गइल। सीएम योगी आदित्यनाथ एकरा के संबोधित कइलें। एकरा पहिले भाजपा कार्यालय में पहुंचला पs प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी, उप

Share

भाजपा कार्यालय पहुंचल सीएम योगी आदित्यनाथ

यूपी उपचुनाव में मिलल जीत के बाद भाजपा कार्यालय में प्रेस वार्ता के आयोजन कइल गइल। सीएम योगी आदित्यनाथ एकरा के संबोधित कइलें। एकरा पहिले भाजपा कार्यालय में पहुंचला पs प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी, उप मुख्यमंत्री केशव मौर्य आ उप मुख्यमंत्री बृजेश पाठक सीएम के स्वागत कइलें।

सीएम योगी कहलें कि नव में से सात सीटन पs जीत के श्रेय पीएम मोदी के जात बा।। पीएम पs लोगन के अटूट विश्वास बा। ई जीत ओहि के प्रमाण हs। हमनी सभे के जनता के आभार व्यक्त करत बानी सs। सपा आ इंडी के लूट आ झूठ के राजनीति के समाप्ति के सुरुआत के ई परिणाम हs।

मोदी के नीति, नीयत आ निर्णय पs जनता के विश्वास

कहलें कि जवन जनादेश महाराष्ट्र में मिलल, ई राम आ राष्ट्र के आराधक नया भारत के जीत हs। आंबेडकर के अपमान करे वालन के पराजय हs। आज फेर से स्पष्ट भइल बा कि देस के जनता के मोदी के नीति, नीयत आ निर्णय पs अटूट विश्वास हs। तुष्टिकरण आ सांप्रदायिकता के शॉर्टकट से सरकार बनावे के सपना देख रहल इंडी गठबंधन के ई पराजय हs।

सीसामाऊ के चुनाव रद्द करावल चाहत रहे सपा

यूपी उपचुनाव के बारे में सपा मतदान के दिन से जवन प्रलाप कइलेस, ओकरा पs जनता जवन जवाब देलें बिया, कुंदरकी ओकर उदाहरण बा। सपा के जमानत जब्त होखे वाली बिया। सपा सीसामाऊ के चुनाव के रद्द करावल चाहत रहे। अब खाली आठ हजार से जीत पवले बा। करहल में सपा खाली 14 हजार वोट से जीतल बिया। जवन केशव मौर्य कहलें बाड़ें ओकरा आउर हमनी के बढ़ रहल बानी बा।

बटल जाई तs कटल जाई, एक रहल जाई तs सेफ रहल जाई

सीएम दोहरवलें बटल जाई तs कटल जाई, एक रहल जाई तs सेफ रहल जाई। ई देश के जनता मनले बिया। कुंदरकी पs कहलें कि राष्ट्रवाद, जड़ आ मूल के जीत, सबका अपना गोत्र इयाद आइल।

एकरा पहिले सीएम योगी सोशल मीडिया अकाउंट ‘एक्स’ पs पोस्ट कइलें। लिखलें कि उत्तर प्रदेश के विधानसभा उपचुनावन में भाजपा-एनडीए के विजय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व आ मार्गदर्शन पs जनता-जनार्दन के अटूट विश्वास के मुहर हs। ई जीत डबल इंजन सरकार के सुरक्षा-सुशासन आ जन-कल्याणकारी नीतियन आउर समर्पित कार्यकर्तन के अथक परिश्रम के सफल हs।

विजयी प्रत्याशियन के हार्दिक बधाई

मुख्यमंत्री लिखलें कि उत्तर प्रदेश के सुशासन आ विकास के आपन मत देवे वाला उत्तर प्रदेश के सम्मानित मतदाता लोगन के आभार। सब विजयी प्रत्याशियन के हार्दिक बधाई। ऊ एक बेर फेर सचेत कइलें कि बटल जाई तs कटल जाई, एक रहल जाई तs सेफ रहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.