Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

DDU बवाल में 22 पs नामजद FIR, 8 अरेस्ट: ABVP कार्यकर्तन द्वारा कुलपति के दउरा-दउरा के पीटल गइल रहे, रजिस्ट्रार आ पुलिसवालन से भइल रहे मारपीट

429

गोरखपुर में दीनदयाल उपाध्याय यूनिवर्सिटी (DDU) में भइल बवाल में पुलिस 22 लोगन के खिलाफ नामजद केस दर्ज कs के 8 लोगन के गिरफ्तार कs लेले बिया। एमे ABVP कार्यकर्तन के अलावे कुछ बाहरियो व्यक्ति सामिल रहे लो। ई FIR मुख्य नियंता डा. सत्यपाल सिंह के तहरीर पs पुलिस दर्ज कइले बिया।

कुलपति से मिल DM-SSP लिहल लो घटना के जानकारी

एकरा अलावे सनीचर के डीएम कृष्णा करुणेश आ SSP डॉ. गौरव ग्रोवर यूनिवर्सिटी पहुंचल लो। दुनो अफसर कुलपति से मुलाकात कs के घटना के जानकारी लिहल लो। करीब 20 मिनट तक डीएम आ SSP कुलपति से घटना आ यूनिवर्सिटी में चल रहल छात्रन आ ABVP कार्यकर्तन के लेके बवाल के बारे में हर एक पहलु पs बारीकी से जानकारी लिहल लो। ओहिजा, अधिकारी लोग गोरखपुर यूनिवर्सिटी के सुरक्षा इंतजाम आउर पुख्ता कइल जाये के निरदेस देले बा लो।

VC के चेंबर में घुसके पिटाई कइले रहे लो

दरअसल, सुक के सांझ अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (ABVP) के कार्यकर्ता वाइस चांसलर के चैंबर में घुसके तोड़फोड़ कs दिहल। दरवाजा उखाड़के फेंक दिहल लो। एकरा बाद वाइस चांसलर आ रजिस्ट्रार के दउरा-दउरा के पीटल गइल। एतने ना, बीच-बचाव करे आइल पुलिसवालन से मारपीट कइल गइल।

कैंट थाना के सोझा हंगामा

बाद में पुलिस के लोग लाठीचार्ज कs के ABVP कार्यकर्तन के खदेड़ल। बवाल में वाइस चांसलर, रजिस्ट्रार, 3-4 ABVP कार्यकर्ता आ कुछ पुलिसकर्मी घायल भइल रहे लो। सभे के अस्पताल भेजल गइल। 3 से 4 थानन के फोर्स तैनात करे के पड़ गइल।

पुलिस कार्यकर्तन के लेके कैंट थाना पहुंचल। ABVP के आउर कार्यकर्ता आ छात्र कैंट थाना पहुंच गइल लो। ऊ पकड़ल गइल कार्यकर्तन के छोड़े के दबाव बनावे लागल लो। पुलिस के ना छोड़ला पs ऊ लो कैंट थाना के सामने सड़क जाम कs दिहल लो आ धरना पs बइठ गइल लो। एह पs पुलिस सख्ती देखावत ओह लोगन के सड़क से हटा देलस।

एह लोगन पs दर्ज भइल FIR

नामजद आरोपियन में विश्वविद्यालय के छात्र संजीव त्रिपाठी, अर्पित कसौधन, पीयूष मिश्रा, दीपक कुमार, शक्ति प्रकाश सिंह, प्रिंस तिवारी, चंद्रपाल सिंह यादव, सूरज मौर्य उर्फ चंचल सामिल बावे लो। जबकि, हमला में सामिल बाहरी व्यक्तियन में आलोक गुप्ता, ऋृषभ सिंह, अंकित मिश्रा, शिवम पांडेय, शुभम राव, श्रवण कुमार, मयंक राय, प्रभात राय, अभिनव सिंह, ओंकार मिश्रा, अनुराग मिश्रा, दीपक पांडेय, सौरभ गौड़ आ पीयूष सिंह सामिल बा लो।

एह लोगन के भइल गिरफ्तारी

शक्ति सिंह, निवासी पिपरा बांध थाना मईल, देवरिया, प्रिंस तिवारी, निवासी नारायणपुर पोस्ट पटहेरवा, थाना पटहेरवा, कुशीनगर, शुभम गोविन्द राव, निवासी बरवां बाजार थाना रामकोला, कुशीनगर, शिवम पाण्डेय, निवासी ग्राम भुडवार थाना बनकटा देवरिया, आलोक गुप्ता, निवासी 127/133 आर्यनगर दिलेजाकपुर थाना कोतवाली गोरखपुर, ऋषभ सिंह, निवासी बरडीहा परशुराम थाना लार देवरिया, मयंक राय, निवासी पार्वती नगर झारखण्डी मंदिर थाना कैंट गोरखपुर, आ श्रवण कुमार मिश्र, निवासी ग्राम बिसरापार पोस्ट देवरिया।

पहिले जानल जाव काहे भइल बवाल?

ABVP कार्यकर्ता यूनिवर्सिटी में फइलल अनियमितता के खिलाफ प्रदर्शन करत रहे लो। छात्रन के मोताबिक वाइस चांसलर के आश्वासन के बादो कवनो समस्या के समाधान ना भइल। एकरा बाद 13 जुलाई के ABVP कार्यकर्ता मांगे पूरा ना होखला पs यूनिवर्सिटी में वाइस चांसलर के पुतला फूंकके प्रदर्शन कइल लो। प्रॉक्टर संगे हाथापाई भइल।

ओह दिन कार्यकर्ता लोग तीन गेट के ताला तुड़ देले रहे लो। एकरा बाद वाइस चांसलर एक-एक कs के छात्रन के समस्या सुनलें रहस आ आश्वासन देले रहस कि जल्दिये एह सब समस्यन के समाधान कs दिहल जाई।

एकरा बाद डीन डॉ. सत्यपाल सिंह हंगामा करे वाला 4 कार्यकर्तन के निलंबन आ 4 कार्यकर्तन के यूनिवर्सिटी में प्रवेश वर्जित करे के आदेस जारी कs देलें।

एह आदेस के विरोध में छात्र वाइस चांसलर से मिले सुक के पहुंचल लो तs ऊ बात करे से मना कs देलें। एह पs कार्यकर्तन के गुस्सा भड़क गइल।

वाइस चांसलर ना अइलें तs उनका चैंबर में घुस गइले कार्यकर्ता

ABVP कार्यकर्ता यूनिवर्सिटी के वीसी आफिस गेट पs वाइस चांसलर प्रोफेसर राजेश सिंह के इंतजार करत रहे लो। 3 बजे तक ऊ बाहर ना निकललें। एकरा बाद नाराज कार्यकर्ता वाइस चांसलर के चैंबर में पहुंच गइल लो। एह दौरान पुलिस अपना सुरक्षा में वाइस चांसलर के बाहर निकालत रहे लो, तब कार्यकर्ता लोग हमला बोल दिहल।

गमलन से कइल गइल हमला

ABVP कार्यकर्ता गमला फेंकके वाइस चांसलर आ रजिस्ट्रार के मारल लो। एह दौरान रजिस्ट्रार जमीन पs गिर गइलें। एकरा बाद कार्यकर्ता लोग उनका के जमके पीटल। पुलिस कड़ा मशक्कत के बाद 10 कार्यकर्तन के हिरासत में ले लेलस। पुलिस ममिला के छानबीन में जुटल बिया।

हत्या के उद्देश्य से कुलसचिव पs कइल गइल हमला

जबकि, विश्वविद्यालय प्रशासन के मानल बा कि साजिश के तहत परिसर में तोड़फोड़ आ मारपीट कइल गइल बा।धरना-प्रदर्शन कs रहल छात्रन के बाहरी लोग उत्साहित करत रहे, जवना के वजह से पुलिस के समझवलो पs लोग ना मानल। मारपीट सुरू होखला पs विश्वविद्यालय के अधिकारी लुकाके आपन जान बचावल लो, बाकिर कुलसचिव हाथे लाग गइलें। हत्या करे के उद्देश्य से उनका ऊपर जानलेवा हमला कइल गइल।

ABVP कार्यकर्तन के सामने बैकफुट पs दिखल पुलिस

ओहिजा, कुलपति, कुलसचिव के संगही विश्वविद्यालय के कर्मचारी आ पुलिसकर्मियन से ABVP कार्यकर्तन द्वारा मारपीट आ तोड़फोड़ के ममिला में पुलिस बैकफुट पs नजर आइल। सुक के देर रात तक पुलिस के अधिकारी एह ममिला में बोलला से बचते रहल लो।

फुटेज आ साक्ष्यन के आधार पs होई कार्रवाई

SSP डा. गौरव ग्रोवर बतवलें, ”विश्वविद्यालय परिसर में भइल घटना के संबंध में मुख्य नियंता के तहरीर पs 22 नामजद आरोपियन के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल बा। घटना के फुटेज आ साक्ष्यन के आधार पs कार्रवाई कइल जाई। घटना से जुड़ल वीडियो आ CCTV कैमरा के फुटेज कब्जा में लिहल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

605790cookie-checkDDU बवाल में 22 पs नामजद FIR, 8 अरेस्ट: ABVP कार्यकर्तन द्वारा कुलपति के दउरा-दउरा के पीटल गइल रहे, रजिस्ट्रार आ पुलिसवालन से भइल रहे मारपीट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.