[the_ad_group id="30365"]

बिहार में अगिला हफ्ता तक मंत्रिमंडल विस्तार के चरचा तेज, कांग्रेस नेता तेजस्‍वी यादव से कइल लो मुलाकात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश में मंत्रिमंडल विस्तार के कवायद जोर पकड़े लागल बा। सनीचर के बिहार कांग्रेस अध्यक्ष डॉ. अखिलेश प्रताप सिंह आ विधायक दल के नेता डॉ. शकील अहमद खान उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव से मुलाकात कइल लो।

एह नेता लोगन के बीच बंद कमरा में बहुत देर तक बातचीत भइल। मानल जा रहल बा कि मंत्रिमंडल में कांग्रेस के भागीदारी के लेके कांग्रेस नेता तेजस्वी यादव के सामने आपन बात रखले बा लो।

सुक से ई चरचा रहे कि बिहार कांग्रेस प्रभारी भक्त चरण दास मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ लालू यादव से मंत्रिमंडल विस्तार के मुद्दा पs बातचीत करे खातिर मुलाकात करिहें।

भक्त चरण दास के सीएम नीतीश से ना हो सकल मुलाकात

दास सनीचर के पार्टी के कार्यक्रम में भाग लेवे खातिर पटना में रहस, बाकिर उनकर मुलाकात मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से ना हो सकल। बिहार प्रभारी देर सांझ के दिल्ली वापस लवट गइलें।

बहरहाल देर सांझ बिहार कांग्रेस अध्यक्ष डॉ. अखिलेश आ विधायक दल के नेता शकील उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव से उनका आवास पs मुलाकात कइल लो।

सूत्रन के मानल जाव तs कांग्रेस उप मुख्यमंत्री से मंत्रिमंडल विस्तार के लेके बात कइलस आ कांग्रेस के भागीदारी के लेके पार्टी के दुनो नेता उप मुख्यमंत्री के सोझा आपन मांग रखल लो।

बता दीं कि प्रदेश में एह दिनन मत्रिमंडल विस्तार के चरचा जोरन पs बा। सूत्रन के मानी तs नीतीश मंत्रिमंडल विस्तार के क्रम में राजद से दु,कांग्रेस से दु, जबकि जदयू से एक विधायक के मंत्री बनावल जाई। चरचा बा कि अगिला हफ्ता तक मंत्रिमंडल विस्तार हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]